अताउल्लाह ख़ान
पाकिस्तानी गायक आ संगीतकार
अताउल्लाह ख़ान ईसाखेलवी (जनम: 19 अगस्त 1951), जिनके भोजपुरी इलाका में आमतौर प अताउल्ला खान आ इनके मूल इलाका में लाला (अरथ: बड़ भाई) के नाँव से जानल जाला, पंजाबी (पाकिस्तानी) गायक कलाकार बाड़ें। मूल रूप से पंजाबी भाषा आ सराइकी भाषा के ई गायक, भारत में भी अपना उर्दू गजल आ झूमर सभ खाती बहुत जानल-मानल कलाकार हवें।
अताउल्लाह ख़ान ईसाखेलवी | |
---|---|
सामान्य जानकारी | |
जनम नाँव | अताउल्लाह ख़ान नियाज़ी |
जनम | मियाँवाली, पंजाब, पाकिस्तान | 19 अगस्त 1951
मूल | पंजाब, पाकिस्तान |
बिधा | सराइकी संगीत, पंजाबी संगीत |
पेशा सभ | सराइकी, झूमर, पंजाबी, ग़ज़ल |
सक्रियता | 1971–अबतक |
पाकिस्तान सरकार इनका के तमगा-ए-हुस्ने-कारकर्दगी (अंग्रेजी: प्राइड ऑफ दि परफार्मेंस अवार्ड) दिहले बा आ ई ब्रिटेन के रानी एलिजाबेथ दुआरा सम्मानित हो चुकल बाने। एक समय में इनके नाँव गिनीज बुक में सामिल भइल जब इनके एल्बम सभसे ढेर गिनती में रिलीज होखे वाला एल्बम बनल।[1]
संदर्भसंपादन
- ↑ "Guinness world record holder Attaullah Esakhelvi turns 65". dailypakistan.com.pk.
ई लेख केहू गायक या गायिका पर एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |