अतिजनसंख्या
अतिजनसंख्या (अंग्रेजी: Overpopulation, ओवरपापुलेशन) के इस्थिती तब पैदा होखे ला जब कौनो जीवधारी के प्रजाति अपना आवासीय दसा सभ के धारण क्षमता (कैरीइंग कैपसिटी) से बेसी आबादी वाली हो जाले। एह इस्थिती में ओह प्रजाति के जीव सभ पर मौजूद संसाधन सभ के सीमा के कारण रोक पैदा हो जाला। अतिजनसंख्या के इस्थिती के पैदा होखे के कई कारन हो सके लें, जइसे की जनम के दर में अचानक बढ़ती, मौत के दर में कमी, बाहर से आबादी के प्रवास हो के आइल वगैरह।
मनुष्यो के आबादी में ई परभाव देखे के मिले ला आ एकरा के मानव अतिजनसंख्या के रूप में परिभाषित कइल जाला।
ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई जीव बिज्ञान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |