अफ़्रीका क भूगोल अफ़्रीका महाद्वीप की भूगोलीय तत्वन आ उन्हन की एक जगह से दुसरा जगह कि बीच विस्तार क वर्णन हवे।

ग्लोब पर अफ़्रीका महादीप क इस्थिति

अफ़्रीका, अफरीका, या अफिरका (भोजपुरी उच्चारण) एगो महादीप हवे जेवना में 62 गो राजनीतिक खंड (देस) बाने कुल। एकर बिस्तार भूमध्य रेखा की उत्तर आ दक्खिन दुनों और बा आ ई एशिया की बाद दूसरा सभ्से बड़हन महादीप हवे। अफ़्रीका क क्षेत्रफल 30368609 वर्ग किलोमीटर बाटे।

यूरोप से अफ़्रीका के भूमध्य सागर अलगा करे ला आ एशिया से ई लाल सागर की द्वारा अलग होला। एशिया से ई महादीप स्वेज थलडमरू से जुड़ल बा जेवना के खनि के स्वेज नहर बनावल गइल बा, हालांकि कबो-कबो स्वेज की पुरुब ओर क सिनाई प्रायदीप भी अफिरके क हिस्सा मान लिहल जाला।

अफिरका क सबसे ऊँच पहाड़ किलिमंजारो परबत हवे, सबसे लमहर नद्दी नील नदी ह आ सबसे बड़हन झील विक्टोरिया झील हउवे।

भू आकृति संपादन करीं

 
अफ़्रीका क उपग्रह चित्र (मोजैक)
 
अंतरीप अफ़्रीका क उपग्रह चित्र

अफ्रीका के पठारन क महादीप कहल जाला।

संदर्भ संपादन करीं