यूरोप

उत्तरी गोलार्ध में एगो महादीप

यूरोप या योरप (अंग्रेजी:Europe) परंपरागत रूप से सात गो मानल जाए वाला महाद्वीप कुल में से एगो महाद्वीप हवे। ई यूरेशिया भूभाग की पच्छिमी ओर स्थित बा आ एशिया आ एकरी बीच पारंपरिक सीमा यूराल पर्वत के मानल जाला। यूरेशिया भूभाग की प्रायद्वीप की रूप में होखला की कारण एके प्रायद्वीपीय महाद्वीप भी कहल जाला। एकरी उत्तर में आर्कटिक महासागर, पच्छिम ओर अटलांटिक महासागर आ दक्खिन ओर भूमध्यसागर बाटे।

ग्लोब पर योरोप महाद्वीप का स्थिति

यूरोप क्षेत्रफल की हिसाब से बाकी महाद्वीपन में खाली आस्ट्रेलिया महाद्वीप से बड़ हवे। एकर क्षेत्रफल करीब 10,180,000 वर्ग किमी (3,930,000 वर्ग मील) बा जेवन पूरा पृथ्वी की सतह का 2% आ पृथ्वी कि जमीन वाला हिस्सा क 6.8% हवे। यूरप में करीब 50 गो देस बाड़ें जेवना में रूस सबसे बड़ बा। यूरोप की अउरी मुख्य देशन में यूनाइटेड किंगडम, फ़्रांस, जर्मनी, इटली वगैरह बाटें। रूस क विस्तार यूरोप आ एशिया दुन्नों महाद्वीप में बाटे लेकिन सांस्कृतिक रूप से एके यूरोप क हिस्सा मानल जाला।

पश्चिमी संस्कृति का पैदाइश यूरोपे में भइल जेवन यूनानरोम कि प्राचीन सभ्यता, यूरोप में पुनर्जागरणऔद्योगिक क्रांति क परिणाम हउवे। एही क्रम में यूरोप के कई गो देश दूसरी अफ्रीकी आ एशियाई देशन पर उपनिवेश स्थापित कइलें आ ए तरे यूरोप क संस्कृति पुरा दुनिया में फइल गइल।

यूरोप का ज्यादातर देश विकसित देस कि श्रेणी में आवेलें। यूरोपियन यूनियन इहँवा कई देसन क आर्थिक संघ हवे। यूरोपियन युनियन की सदस्य देसन क मुद्रा यूरो हवे।

भूगोल संपादन करीं

विस्तार संपादन करीं

यूरोप एशिया कि पच्छिम ओर बाटे आ उत्तरी अटलांटिक महासागर में एगो प्रायद्वीप की नियर बाटे।


इतिहास संपादन करीं

प्राचीन इतिहास संपादन करीं

 
रोमन साम्राज्य क बिस्तार जब सबसे अधिक रहे

यूरोप में मानव ईसापूर्व 35,000 के आसपास आइल। ग्रीक (यूनानी) आ लातिनी (रोम) राज्यन क अस्थापना पहिली सहस्त्राब्दी की सुरुआत में भइल। ई दोनों संस्कृति आधुनिक य़ूरोप की संस्कृति के बहुते बहुत प्रभावित कइले हवे। ईसापूर्व 480 के आसपास य़ूनान पर ईरानी आक्रमण भइल आ एह में यूनानी लोगन के पीछे हटे के पड़ल। 330 ईसापूर्व में सिकन्दर ने ईरानी साम्राज्य के जीत लिहलें। 146 ईपू में यूनानी प्रायद्वीप (द्वीप छोड़ के) रोमन प्रोटेक्टोरेट क हिस्सा बन गइल। यूनान क अन्तिम पतन 88 ई.पू में भइल जब पोन्टस क मिथ्रिडेट्स छठवाँ (VI) नामक राजा रोम की खिलाफ़ विद्रोह कर दिहलस, जब ऊ रोमन जनरल लुसियस कॉर्नेलियस सुला की द्वारा यूनान से बाहर खदेड़ दिहल गइल तब तब यूनान पर फिन से रोम क अधिकार हो गइल आ यूनानी नगर फिर कब्बो ए से उबर न पवलें कुल।

सन् 27 ईसापूर्व में रोमन गणतंत्र समाप्त हो गइल आ रोमन साम्राज्य क अस्थापना भइल। सन् 313 में कांस्टेंटाइन ईसाई धर्म स्वीकार क लिहलें आ इहे धर्म रोमन साम्राज्य क राजधर्म बन गइल। पाँचवीं सदी आवत-आवत रोमन साम्राज्य कमजोर हो चुकल रहे लेकिन पूर्वी रोमन साम्राज्य पंद्रहवीं सदी ले इस्तांबुल में बनल रहल। इस समय की दौरान पूर्वी रोमन साम्राज्य के कई बेर अरब आक्रमण क सामना करे के पड़ल जेम्मे उन्हान के कई गो प्रदेश अरब लोगन के देवे के पड़ल।

मध्यकाल संपादन करीं

650 ई में यूरोप
शर्लेमैग्ना साम्राज्य 814 ईसवी में:      Frankia,      Tributaries

रोमन साम्राज्य की पतन की साथ-साथ यूरप एगो अइसन लम्बा समय खातिर अनजान इतिहास की दौर में चलि गइल जेवना के इतिहासकार लोग प्रवास क युग कहेला। कई तरह क आक्रमण यूरोप पर भइल जेवना में ऑस्ट्रोगोथ, विसिगोथ, गोथ, वेंडाल, हूण, फ्रैंक, एंजेल्स, सैक्सन, स्लेव, अवार, आ बाद में वाइकिंग, कुमान आ मैगीर वगैरह जाति-जनजाति कबीला वगैरह क आक्रमणकारी रहलें। एही काल के पैत्रार्क नियर पुनर्जागरण क इतिहासकार लोग यूरोप क अन्ध युग कहेला। ए समय में यूरोप से ज्ञान-विज्ञान आ संस्कृति क महत्वपूर्ण तत्व अपनी सबसे खराब अवस्था में पहुच गइल।

आधुनिक इतिहास संपादन करीं

आधुनिक इतिहास का सुरुआत कुस्तुनतुनिया (कांस्टेंटिनोपल) की पतन से मानल जाला। एकरी बाद पूरा योरोप में ज्ञान-विज्ञान आ साहित्य की क्षेत्र में अचानक परिवर्तन भइल जेवना के पुनर्जागरण कहल जाला।

वर्तमान समय में संपादन करीं

आर्थिक संपादन करीं

संस्कृति संपादन करीं

The culture of Europe can be described as a series of overlapping cultures; cultural mixes exist across the continent. There are cultural innovations and movements, sometimes at odds with each other. Thus the question of "common culture" or "common values" is complex. In his article, Andreas Kaplan describes Europe as "embracing maximum cultural diversity at minimal geographical distances".

The culture of Europe can be described as a series of overlapping cultures; cultural mixes exist across the continent. There are cultural innovations and movements, sometimes at odds with each other. Thus the question of "common culture" or "common values" is complex. In his article, Andreas Kaplan describes Europe as "embracing maximum cultural diversity at minimal geographical distances".

According to historian Hilaire Belloc, for several centuries the peoples of Europe based their self-identification on the remaining traces of the Roman culture and on the concept of Christendom, because many European-wide military alliances were of religious nature: the Crusades (1095–1291), the Reconquista (711-1492), the Battle of Lepanto (1571).

पर्यटन संपादन करीं

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं


बाहरी कड़ी संपादन करीं