अलफांसो या मराठी में हापुस भारतीय आम के एक ठो किसिम हवे। आम के ई किसिम मूल रूप से महाराष्ट्र के पच्छिमी इलाका के हवे आ अपना ख़ास रूप-रंग, सवाद आ सुगंध खातिर परसिद्ध बाटे।[1][2]

आम 'अलफांसो'
अलफांसो या हापुस आम
जातिआम
प्रजातिमैंगीफेरा इंडिका
किसिम'अलफांसो'
मूल जगह भारत

एकर ई नाँव, पुर्तगाली जनरल अफोंसो दि अल्बकुर्क के नाँव पर रखल गइल हवे[2][3] जे भारत में पुर्तगाली उपनिवेश स्थापित करे में आपन योगदान दिहलें। पुर्तगाली लोग कलमी आम पैदा करे खातिर आम के फेड़ में कलम बान्हे के तरीका बतावल लोग आ ओह जमाना में ई हापुस आम कोंकण तट पर महाराष्ट्र, गोवा, आ गुजरात के इलाका आ कुछ अन्य दक्खिन भारतीय राज्य सभ में उपजावल जाय।

अलफांसो आम कुछ ख़ास खर्चीला किसिम हवे आ अबो ई कोंकण तट के इलाका में सिंधुदुर्ग, रत्नागिरि आ रायगड जिला में उगावल जाला। एक ठो आम के वजन लगभग 150ग्राम से 300ग्राम के होला।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Subramanian, Sarmishta (May 5, 2010). "The king of mangoes". Macleans Magazine, Rogers Digital Media. Archived from the original on October 16, 2011. Retrieved May 19, 2012.
  2. 2.0 2.1 Sukhadwala, Sejal (27 April 2012). "Do you know Alphonso mango?". The Guardian Online. Retrieved 14 February 2017.
  3. "The King at your Doorstep". Indianexpress.com. 2014-05-15. Retrieved 2015-06-25.