अलेक्जेंडर कनिंघम

ब्रिटिश आर्मी इंजीनियर आ अमेच्योर आर्कियोलॉजिस्ट (1814-1893)

अलेक्जेंडर कनिंघम (अंग्रेजी: Alexander Cunningham; 23 जनवरी 1814 – 28 नवंबर 1893) ब्रिटिश आर्मी में इंजीनियर रहलें आ भारत के इतिहासपुरातत्व में बिसेस रूचि लिहलें। इनका के 1861 में सर्कार द्वारा सर्वेयर बनावल गइल आ इनहीं के अगुआई में ओह संस्था के अस्थापना आ संगठन भइल जेकरा के आज भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण के नाँव से जानल जाला। एह तरीका से कनिंघम भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण के पहिला सर्वेयर जनरल रहलें।

अलेक्जेंडर कनिंघम
कनिंघम
मूलभाषा में नाँवAlexander Cunningham
जनम23 जनवरी 1814
लंदन
निधन28 November 1893 (1893-11-29) (उमिर रहल 79)
लंदन
राष्ट्रीयताब्रिटिश
पेशा
  • इंजीनियर
  • पुरातत्वबिद
परसिद्धि के कारनआर्कियोलोजिकल सर्वे ऑफ इंडिया
जीवनसाथीएलिस कनिंघम (बियाह 1840)
संतान
  • एलन जे सी कनिंघम
  • सर अलेक्जेंडर ऍफ़ सी कनिंघम
माईबाप
  • एलन कनिंघम (पिता)
रिश्तेदार
  • फ्रांसिस कनिंघम (भाई)
  • जोसेफ डेवी कनिंघम (भाई)
  • पीटर कनिंघम (भाई)

अपना जीवन में कनिंघम कई थे किताब आ मोनोग्राफ लिखलें। बिबिध प्रकार के पुरातात्विक महत्व के चीज एकट्ठा कइलें। इनके एकट्ठा कइल गइल बिबिध चीज सभ 1924 में इंग्लैंड ले जाइल गइल आ वर्तमान में ब्रिटिश म्यूजियम के हिस्सा बा।

संदर्भ संपादन करीं