अल्फ्रेड नोबेल

स्वीडिश रसायन वैज्ञानिक, इंजीनियर आ हथियार निर्माता (1833-1896)

अल्फ्रेड नोबेल (21 अक्टूबर 1833 – 10 दिसंबर 1896) एगो स्वीडिश वैज्ञानिक, इंजीनियर आ हथियार निर्माता रहलें। डायनामाइट के आविष्कार आ नोबेल पुरस्कार के अस्थापना खातिर इनके परसिद्धि बा।

अल्फ्रेड नोबल

ऊ अपना वसीयत में निर्देश छोड़लें कि उनुका पइसा से नोबेल पुरस्कार बनावल जाव। अइसन ऊ फ्रांस के एगो अखबार में एगो लेख पढ़ला का बाद, जवना में उनुका के “मौत के व्यापारी” कहल गइल रहे इहो कहल गइल रहे कि डायनामाइट के आविष्कार आ ओकरा से पहिले से अधिका लोग के मारे के क्षमता खातिर उनुका के याद कइल जाई, नोबल 10 दिसंबर 1896 के अपने निधन के बाद एह पुरस्कार सभ खातिर 31 मिलियन क्रोनर (स्वीडिश मुद्रा) छोड़ दिहलें। कृत्रिम तत्व नोबेलियम के नाँव इनके नाँव पर रखल गइल बा।

सुरुआती जिनगी संपादन करीं

नोबेल के जनम 21 अक्टूबर 1833 के भइल। इनके पिता इमैनुएल नोबेल एगो इंजीनियर आ आविष्कारक रहलें।[1] इनके महतारी एंड्रीएट अहल्सेल नोबेल रहली। 1833 में इमैनुएल नोबेल के अपना निर्माण कंपनी में नुकसान के चलते दिवालिया होखे के पड़ल।[2]:9

बाहरी कड़ी संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Alfred Nobel's Life and Work – for Gradeschoolers". Nobel Committee. Retrieved October 10, 2011.
  2. Agarwal, Arun (2008). Nobel Prize Winners in Physics. APH Publishing.