डायनामाइट
एक तरह के बिस्फोटक
डायनामाइट चाहे डाइनामाइट एगो बिस्फोटक हवे जे नाइट्रोग्लिसरीन, सोर्बेंट (सोखक, जइसे कि पाउडर बनावल सितुही के खोल भा माटी) आ स्टेबलाइजर सभ से बनल होला। एकर आविष्कार स्वीडिश रसायनज्ञ आ इंजीनियर अल्फ्रेड नोबेल द्वारा उत्तरी जर्मनी के गीस्टहाक्ट में कइल गइल आ एकर पेटेंट 1867 में भइल। एकर तेजी से ब्लैक पाउडर के अउरी शक्तिशाली विकल्प के रूप में व्यापक पैमाना पर इस्तेमाल भइल।

- Diatomaceous earth (or any other type of absorbent material) soaked in nitroglycerin.
- Protective coating surrounding the explosive material.
- Blasting cap.
- Electrical cable (or fuse) connected to the blasting cap.

आज डायनामाइट के इस्तेमाल मुख्य रूप से खनन, खदान, निर्माण, आ तोड़फोड़ उद्योग में होला। डायनामाइट अबहिन ले ट्रेंचिंग एप्लीकेशन सभ खातिर पसंद के उत्पाद हवे, आ कबो-कबो एएनएफओ चार्ज सभ खातिर लागत प्रभावी बिस्फोटक बूस्टर के रूप में इस्तेमाल होला।