अल कायदा ( अरबी: القاعدة, उच्चारन: अल-क़ा'इदाह; माने: नेंव, एकरे अल काएदा चाहे अल कायदा बोलल जाला), जेकरा असल नांव काएदा अल-जिहाद (माने 'जिहाद के नेंव') हऽ, एगो बहुराष्ट्रीय आतंकवादी सुन्नी इस्लामी चरमपंथी गुट हऽ जवना मे सलाफी जेहादी बिचार के लोग बा। एकर सदस्य लोग बेसी अरबिया बा, बाकिर एह मे अउरो लोग बा। अल काएदा अलग-अलग देस सभ के गैर-सैन्य आ सैन्य निशाना सभ पर हमला कइले बा, जेकरा मे 1998 मे अमेरिका के दूतावास पर बम बिस्फोट, 11 सितंबर के हमला, आ 2002 के बाली मे भइल बम बिस्फोट बा; एकरा के राष्ट्र सुरक्षा परिषद, उत्तरी अटलांटिक संधि संगठन (नाटो), यूरोपीय संघ, भारत आ अउरी देस सभ आतंकी गुट मानेला।