अस्थान संस्कृत के स्थान शब्द के भोजपुरी रूप हवे आमतौर पर जगह खातिर इस्तेमाल होला। अउरी अरथ संभव बाने:

  • लोकेशन - भूगोल के कांसेप्ट जेह में पृथिवी पर कौनों चीज के सटीक स्थिति बतावल जाला। ई अक्षांस-देसांतर में बतावल जा सके ला, दुसरे चीजन भा जगहन के संदर्भ में तुलना का के बतावल जा सके ला, चाहे नक्शा पर देखावल जा सके ला।
  • धार्मिक अस्थान - पूजा-पाठ भा धार्मिक गतिबिधि के जगह; पबित्र जगह (जइसे: बरम अस्थान, देवी अस्थान) (आम अपभरंस थान हवे)।