आर. प्रज्ञाननंद

भारतीय शतरंज खेलाड़ी

रमेशबाबू प्रज्ञानन्द (जनम 10 अगस्त 2005) एगो भारतीय शतरंज खेलाड़ी आ ग्रैंडमास्टर बाने। ऊ दस बरिस के उमिर में इंटरनेशनल मास्टर बन गइलें, अतना कम उमिर में अइसन करे वाला पहिला खेलाड़ी बनलें आ दू साल बाद ग्रैंडमास्टर बनलें जे ओह समय तक ले अइसन करे वाला अभिमन्यु मिश्र के बाद दुसरा खेलाड़ी रहलें।

रमेशबाबू प्रज्ञानन्द
टाटा स्टील शतरंज टूर्नामेंट 2023 में प्रज्ञानंद
पूरा नाँवरमेशबाबू प्रज्ञानन्द
देसभारत
जनम (2005-08-10) 10 अगस्त 2005 (उमिर 18)
चेन्नई, तमिलनाडु, भारत
टाइटिलग्रैंडमास्टर (2018)
फिडे रेटिंग2707 (अगस्त 2023) 2727 (सितंबर 2023)
सभसे ऊँच रेटिंग2727 (सितंबर 2023)
रैंकिंगNo. 29 (अगस्त 2023)
सभसे ऊँच रैंकिंगनं. 19 (सितंबर 2023)

अगस्त 2023 में ऊ शतरंज बिस्व कप के फाइनल में पहुँचलें जहाँ 24 अगस्त के उनुकर मुकाबला मैग्नस कार्लसन से भइल, बाकी ऊ कार्लसन से हार गइलें।[1][2]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "FIDE World Cup Chess Tournament: 18 साल के प्रज्ञानन्द व‍िश्व कप शतरंज के फाइनल में, कार्लसन को हराकर इत‍िहास रचने का मौका". आज तक (हिंदी में). 22 अगस्त 2023. Retrieved 22 अगस्त 2023.
  2. "Chess World Cup 2023 Final LIVE: प्रज्ञानानंद-कार्लसन की टक्कर जारी, कौन बनेगा वर्ल्ड कप चैंपियन". हिंदुस्तान (हिंदी में). 22 अगस्त 2023. Retrieved 22 अगस्त 2023.

बाहरी कड़ी संपादन करीं