ग्रैंडमास्टर (शतरंज)

शतरंज के सबसे ऊँच खिताब

ग्रैंडमास्टर भा ग्रांडमास्टर (जीएम) एगो उपाधि भा खिताब हवे जे बिस्व स्तर के शतरंज संगठन फिडे (FIDE) द्वारा शतरंज खेलाड़ियन के दिहल जाला। बिस्व चैंपियन के अलावा ग्रैंडमास्टर शतरंज खिलाड़ी के हासिल होखे वाला सबसे ऊँच खिताब हवे। एक बेर हासिल हो गइला के बाद ई खिताब आजीवन बरकरार रहे ला, हालाँकि अपवाद के रूप में ई खिताब धोखाधड़ी (चीटिंग) भइल पावल जाए के कारण वापिस लिहल जा सके ला।

ग्रैंडमास्टर के खिताब के साथे इंटरनेशनल मास्टर (आईएम), एफआईडीई मास्टर (एफएम), आ कैंडिडेट मास्टर (सीएम) के छोट फिडे टाइटिल सभ खेलाड़ियन खातिर खुला बाने चाहे ऊ मरद होखें चाहे औरत। ग्रैंडमास्टर लोग में बहुतायत में मर्दाना लोग बा, बाकी कुल लगभग 2000 ग्रैंडमास्टर लोग में से 2022 ले 40 औरत लोग के जीएम के खिताब दिहल जा चुकल बा। एकरा अलावे औरत ग्रैंडमास्टर के खिताब भी बा जवना में कुछ ढिलाई वाला शरत बाड़ी स आ ई खाली भर औरत लोगन के दिहल जाला।