इंटरनेट प्रोटोकाल सूट एक किसिम के कंसेप्चुअल मॉडल आ कमुनिकेशन प्रोटोकाल सभ के सेट हवे जेकर इस्तेमाल इंटरनेट पर आ अइसने अउरी कंप्यूटर नेटवर्क सभ में कइल जाला। छोट नाँव में एकरा के टीसीपी/आईपी (TCP/IP) कहल जाला।

इंटरनेट प्रोटोकाल सूट माथ-से-माथ कमुनिकेशन (एंड-टू-एंड कम्युनिकेशन) उपलब्ध करावे ला जेह में ई सटीक तरीक से निश्चित कइल जाला कि डेटा के पैकेटिंग, अड्रेसिंग कइसे होखी आ कवना तरीका से ई भेजल जाई, राउटिंग केंङने होखी आ रिसीव कइसे होखी। ई फंक्शन सुबिधा चार के एब्स्ट्रेक्ट लेयर में ब्यवस्थित कइल गइल होले जे सगरी रिसीव होखे वाला प्रोटोकाल सभ में इस्तेमाल हो रहल नेटवर्किंग के स्कोप के अनुसार बर्गीकरण करे लीं। निचला से ऊपरी क्रम में देखल जाय तब ई लेयर सभ, लिंकिंग लेयर, इंटरनेट लेयर, ट्रांसपोर्ट लेयर आ एप्लीकेशन लेयर होखे लीं। लिंक लेयर में, डेटा के कम्युनिकेशन के तरीका सिंगल नेटवर्क सेगमेंट (लिंक) में रखल होला। इंटरनेट लेयर एक दुसरे से आजाद नेटवर्क सभ में बीच के इंटरनेटवर्किंग के सुबिधा देले। ट्रांसपोर्ट लेयर, होस्ट-से-होस्ट ले कमुनिकेशन करावे ले। अप्लीकेशन लेयर के इस्तमाल, अप्लिकेशन सभ खातिर प्रासेस-से-प्रासेस डेटा अदला-बदली के सुबिधा दिहल होला।

इंटरनेट प्रोटोकाल सूट सभ के तकनीकी स्टैंडर्ड स्पेसिफिकेशन सभ आ एकर अउरी हिस्सेदार (एकर हिस्सा) प्रोटोकाल सभ के मेंटेन करे के काम इंटरनेट इंजीनियरिंग टास्क फोर्स (IETF) करे ले। इंटरनेट प्रोटोकाल सूट पहिले क मॉडल हवे आ जनरल नेटवर्क सभ खातिर, ओएसआई मॉडल, जे इंटरनेट प्रोटोकाल सूट ले नाया बाटे ढेर कांप्रिहेंसिव (समग्र) रेफरेंस ढाँचा बा।

संदर्भ संपादन करीं