इंटरनेट सुरक्षा
इंटरनेट सुरक्षा भा इंटरनेट सिक्योरिटी (Internet security) कंप्यूटर सिक्योरिटी के एगो इस्पेशल ब्रांच हवे जे खासरूप से इंटरनेट से संबंधित होला, बहुधा ई ब्राउजर सिक्योरिटी भी शामिल करे ला लेकिन मुख्य रूपसे नेटवर्क के सिक्योरिटी के काम से संबंधित होला। ई अउरी अन्य एप्लीकेशन आ ऑपरेटिंग सिस्टम के सगरी ब्यवस्था के एक ठो पूरा इकाई मान के इंटरनेट संबंधी सुरक्षा के काम करे ला। एकर मकसद होला कि अइसन नियम (रूल) अस्थापित कइल जाय जवना से इंटरनेट पर हमला के रोकल जा सके। एक तरह से देखल जाय तब इंटरनेट पर जानकारी अदला-बदली करे के दौरान कई किसिम के हाई रिस्क सभ रहे ला, जइसे कि फाईजिंग, ऑनलाइन वाइरस, ट्रोजन, वर्म आ अउरी कई चीज के खतरा रहे ला।
इंटरनेट पर एह खतरा सभ से सुरक्षा खाती कई किसिम के तरीका अपनावल जालें जवना से डेटा के ट्रांसफर के दौरान अइसन रिस्क वाला चीज सभ से बचाव कइल जा सके। वर्तमान में इंटरनेट सुरक्षा के फोकस एह बात पर बा कि नीक से जानल-बूझल आ नाया खतरा सभसे रियल-टाइम सुरक्षा कइल जा सके।
संदर्भ
संपादन करींई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |