इंटीरियर प्लेन्स
उत्तर अमेरिका में एगो बिसाल मैदानी भौतिक प्रदेश
इंटीरियर प्लेन्स (अंग्रेजी: Interior Plains) उत्तर अमेरिका में एगो बिसाल मैदानी भौतिक प्रदेश हवे जे लौरेशियन क्रेटन पर रॉकी परबत श्रेणी के पूरुब ओर बिस्तार लिहले बा। ई कनाडा आ अमेरिका देसन में बिस्तार वाला बाटे; मुख्य रूप से उत्तर-दक्खिन बिस्तार वाला एह मैदान के बिचला इलाका में पुरुब-पच्छिम बिस्तार मजिगर बाटे आ एहिजे ई अप्लेशियन परबत के जरीं ले पहुँच जाला। एह मैदान में प्रेयरी, स्टेप आ घास के मैदान मिले लें।
एकरे दक्खिनी हिस्सा के, जे मुख्य रूप से अमेरिका में पड़े ला द ग्रेट प्लेन्स चाहे द प्लेन्स के नाम से जानल जाला।
ई अमेरिका (यूएसए) के जगह संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |