माउंट अरारात आ अरारात मैदान
अरारात परबत आ ओकरे सोझा अरारात के मैदान।

मैदान जमीन के अइसन हिस्सा होला जहाँ बहुत ऊँचाई-निचाई के बदलाव न होखे आ सपाट, चाहे लगभग सपाट, सतह होखे। मैदान आमतौर पर निचली घाटी सभ में, पहाड़ के तलहटी में, समुंद्र किनारे के हिस्सा में, भा बिस्तृत पठार के ऊपरी हिस्सा पर पावल जालें।

भूगोल के शाखा भूआकृति बिज्ञान में मैदान के दुसरे क्रम के थलरूप में रखल जाला जेह में एकरे अलावा पहाड़ आ पठार इत्यादि आवे लें। एकरे अलावा इनहन के वर्गीकरण उत्पत्ति के आधार पर चाहे लोकेशन के आधार पर कइल जाला। मैदानी इलाका प्राचीन काल से जनसंख्या के बसाव के इलाका रहल हवें जहाँ भी जलवायु बढ़ियां होखे। एही कारन बिस्व के कई मैदानी हिस्सा सभ में जनसंख्या घन पावल जाले। एकरे पाछे मूल कारण खेती खातिर भरपूर आ सपाट-समतल जमीन के उपलब्ध होखल, मवेशी सभ खाती चरहा के सुबिधा इत्यादि गिनावल जा सके ला। एह इलाका में रेल, सड़क इत्यादि के निर्माण भी आसान होला जेवना कारन आवागमन के बेहतर सुबिधा रहे ले।

प्रकारसंपादन

जमाव से बनलसंपादन

अइसन मैदान जे पृथ्वी के चट्टान के कटाव आ भूपदार्थ के स्थानांतरण होखे के बाद कहीं निचाई के जगह पर जमा होखे से बने लें जमाव से बनल मैदान हवें। अंगरेजी में इनहन के डिपोजिशनल प्लेन कहल जाला। इनहना के भी कई प्रकार हो सके ला।

खरोह से बनलसंपादन

जहाँ कि कौनों जमीनी हिस्सा हवा, पानी भा अउरी कौनों चीज के दुआरा खरोह दिहल जाय आ कटाव के बाद बचल जमीन लगभग सपाट मैदान के रूप ले ले। उदाहरण खाती डेविस के बतावल खरोह चक्र में अंतिम अवस्था में पेनीप्लेन बचे ला जे एक किसिम के उखड़-खाबड़ मैदान होला।

संरचनात्मकसंपादन

ई अइसन मैदान हवें जे स्वाभाविक रूप से पृथ्वी के चट्टान के कौनों इलाका में अइसन संरचना होखे के कारण बनल हवें आ पट (सपाट) चट्टानी सतह बिना कौनों डिस्टर्बेंस के ओही तरे बचल बा, न एह पर खरोह के परभाव बहुत परल बा न इहाँ खरोह के भूपदार्थ ले आ के जमा कइल गइल बा।

उदाहरणसंपादन

बिस्व के कुछ प्रमुख मैदान सभ के नाँव नीचे उदाहरण के तौर पर दिहल जात बा:

अमेरिकी महादीपन मेंसंपादन

  • लोस लानोस
  • पंपास
  • ग्रेट प्लेन्स
  • अटलांटिक तटीय मैदान

एशियासंपादन

  • क्वान्तो मैदान
  • केदू मैदान
  • उत्तर चीन मैदान
  • सिंधु-गंगा मैदान
  • अलेप्पो पठार
  • अरारात मैदान

ओशेनियासंपादन

  • नल्लारबोर मैदान
  • कैंटरबरी मैदान

यूरोपसंपादन

  • पेरिस बेसिन
  • पो घाटी
  • सेलिसबरी मैदान
  • उत्तर जर्मन मैदान
  • वेस्टफेलिया लोलैंड
  • हंगरी के मैदान

संदर्भसंपादन