इताइपू बान्ह
इताइपू बान्ह (Itaipu Dam) दक्खिन अमेरिका के पराना नदी पर एगो पनबिजली बान्ह बाटे। ई ब्राजील आ पराग्वे के सीमा पर बा आ दुनों देसन के आपसदारी में बनल हवे आ चलावल जाला। अर्जेंटाइना एकरे निर्माण पर बिरोध कइले रहे बाकी बाद में समझौता भ गइल।
ई बान्ह दुनिया के सभसे बेसी बिजली पैदा करे वाला बान्ह बा एकरा पहिले चीन के थ्री गार्जिज डैम सभसे बेसी बिजली पैदा करे जेके ई 2016 में पाछे छोड़ दिहलस।
ई दक्खिन अमेरिका के अस्थान या भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |