दक्खिन अमेरिका के भूगोल
दक्खिन अमेरिका भूगोलीय हिसाब से नई दुनिया (दुनों अमेरिका महादीप) कऽ एगो महादीप हवे आ एकरे भूगोल में बिबिध प्रकार के क्षेत्र आ जलवायु वाला इलाका सामिल बाने। हालाँकि, दुनों अमेरिका महादीप पनामा थलजोड़ से जुड़ल हवें आ पनामा नहर से अलग होखे लें, ई दक्खिनी महादीप परंपरागत रूप से अलगा से एगो महादीप मानल जाला आ कभी-काल्ह के इनहन के एक्के सुपरमहादीप के रूप में भी देखल जाला आ अंग्रेजी में अमेरिकाज़ कहि के बोलावल जाला। राजनीतिक सीमा के आधार पर पनामा–कोलंबिया के बाडर के एह दुनों महादीप सभ के बीचा के बिभाजक मानल जाला।
दक्खिन अमेरिका के उत्तर अमेरिका से जुड़ाव करीबन 30 लाख बरिस पहिले, पनामा के थलजोड़ (इस्थमस ऑफ पनामा) के बने से भइल। एकरे बाद भइल भूबिग्यानी इतिहास के घटना के ग्रेट अमेरिकन इंटरचेंज के नाँव से जानल जाला। एंडीज, जे एगो नया आ अभिन ले हलचल से गुजरे वाला परबत श्रेणी बा, एह महादीप के पच्छिमी किनारे के रूप में स्थित बा; उत्तरी एंडीज के पुरुब ओर बिसाल इलाका बा जे भूमध्य रेखीय बरखा बन वाला इलाका हवे आ अमेजन बेसिन के नाँव से जानल जाला। एह महादीप पर पेटागोनिया के पठार आ अटाकामा के रेगिस्तान नियर सूखा इलाका भी बाने अउरी लानोज, कैंपोज आ पंपाज के घास के मैदान बाड़ें।
एह महादीप के अंतर्गत कई ठे दीपसभ भी आवे लें जे अलग-अलग देस सभ के द्वारा शासित बाड़ें सऽ। एकरे उत्तर में कैरिबीयन दीप सभ के आमतौर पर उत्तर अमेरिका के साथे शामिल कइल जाला। हालाँकि, एह सागर के किनारे मौजूद जवन देस सभ दक्खिन अमेरिका में बाड़ें उनहन में कोलंबिया, वेनेजुएला, गयाना, सूरीनाम, आ फ्रेंच गयाना सभ के कैरेबियन दक्खिन अमेरिका के उपनाँव से भी जानल जाला।
राजनीतिक इकाई सभसंपादन
रकबा आ जनसंख्या दुनों के हिसाब से ब्राजील देस एह महादीप के सभसे बड़हन देस बा। ओहिजे अर्जेंटीना इहाँ के सभसे ढेर शहरीकरण वाला देस बा।[1] एह महादीप के उपबिभाग सभ में एंडीज परबत के सहारे एंडीयन स्टेट्स, कैरीबियन सागर के सहारे कैरीबियन स्टेट्स, आ दक्खिनी नोकदार हिस्सा में सदर्न कोन स्टेट्स के नाँव से भी जानल जाला। महादीप के देस आ राज्यक्षेत्र सभ के लिस्ट नीचे दिहल जा रहल बा:
राज्यक्षेत्र के नाव, झंडा के साथ |
रकबा (किमी²) |
आबादी (जुलाई 2009 अनु.[2]) |
जनसंख्या घनत्व (प्रति किमी²) |
राजधानी |
---|---|---|---|---|
अर्जेंटीना[3] | 2,766,890 | 40,913,584 | 14.8 | ब्यूनस आयर्स |
बोलीविया[4] | 1,098,580 | 9,775,246 | 8.9 | ला पाज, सुक्रे[5] |
ब्राजील[6] | 8,511,965 | 198,739,269 | 23.3 | ब्रासीलिया |
चिली[7][8] | 756,950 | 16,601,707 | 21.9 | सैंटियागो |
कोलंबिया[9] | 1,138,910 | 45,644,023 | 40.1 | बोगोटा |
इक्वेडोर[10] | 283,560 | 14,573,101 | 51.4 | क्विटो |
फाकलैंड दीप (यूके)[11][12] | 12,173 | 3,140 | 0.26 | स्टैनली |
फ्रेंच गयाना (फ्रांस) | 83,534[13] | 221,500[14] | 2.7 | कायने |
गयाना[15] | 214,970 | 772,298 | 3.6 | जार्जटाउन, गयाना |
पराग्वे[16] | 406,750 | 6,995,655 | 17.2 | आसूंसियों |
पेरू[17] | 1,285,220 | 29,546,963 | 23.0 | लीमा |
साउथ जार्जिया एंड साउथ सैंडविच आइलैंड (यूके)[18][19] |
3,903 | 0 | 0 | ग्राइट्विकेन |
सूरीनाम[20] | 163,270 | 481,267 | 2.9 | पारमाराइबो |
उरुग्वे[21] | 176,220 | 3,494,382 | 19.8 | मोंटेवीडियो |
वेनेजुएला[22] | 912,050 | 26,814,843 | 29.4 | कराकास |
नदीसंपादन
- अमेजन नदी: पानी के मात्रा के हिसाब से दुनियाँ के सभसे बड़ नदी हवे। एंडीज परबत से निकसे ले आ अटलांटिक महासागर में गिरे ले। अमेजन बेसिन के बरखा बन वाला क्षेत्र के रूप में जानल जाला।
- पराग्वे नदी:
- ओरिनिको नदी:
- जापुरा नदी: एंडीज परबत से निकसे ले आ अमेजन नदी में बाएँ से मिले वाली सभसे बड़ (लमहर) नदी हवे।
- पराना नदी:
- साओफ्रांसिस्को नदी:
- मैग्डलीना नदी:
- रियो नीग्रो: अमेजन में बाएँ से मिले ले। नाँव के शाब्दिक अरथ हवे "काली नदी"।
- पुरुश नदी: अमेजन के सहायिका नदी हवे आ एह में दाहिने से मिले वाली सभसे लमहर नदी हवे।
- मदीरा नदी:
- सलाडो नदी:
- टोंकांटिस नदी:
संदर्भसंपादन
- ↑ "South America - Effects of rapid population increase". Encyclopedia Britannica (अंग्रेजी में). Retrieved 29 दिसंबर 2018.
- ↑ Except for the figures on the Falkland Islands (which are from July 2008) and French Guiana (January 2008).
- ↑ CIA - The World Factbook - Argentina
- ↑ CIA - The World Factbook - Bolivia
- ↑ La Paz is the administrative capital of Bolivia; Sucre is the judicial seat.
- ↑ CIA - The World Factbook - Brazil
- ↑ CIA - The World Factbook - Chile
- ↑ Includes Easter Island in the Pacific Ocean, a Chilean territory frequently reckoned in Oceania. Santiago is the administrative capital of Chile; Valparaíso is the site of legislative meetings.
- ↑ CIA - The World Factbook - Colombia
- ↑ CIA - The World Factbook - Ecuador
- ↑ CIA - The World Factbook - Falkland Islands
- ↑ Claimed by Argentina.
- ↑ BBC NEWS | Americas | Country profiles | Regions and territories: French Guiana
- ↑ Insee - Population - Population des régions au 1er janvier Archived February 11, 2009,वेबैक मशीन पर .
- ↑ CIA - The World Factbook - Guyana
- ↑ CIA - The World Factbook - Paraguay
- ↑ CIA - The World Factbook - Peru
- ↑ CIA - The World Factbook - South Georgia and the South Sandwich Islands
- ↑ Also claimed by Argentina, the South Georgia and the South Sandwich Islands in the South Atlantic Ocean are commonly associated with Antarctica (due to proximity) and have no permanent population, only hosting a periodic contingent of about 100 researchers and visitors.
- ↑ CIA - The World Factbook - Suriname
- ↑ CIA - The World Factbook - Uruguay
- ↑ CIA - The World Factbook - Venezuela