इथियोपिया के पठार अफिरका महादीप में इथियोपिया देस में एगो पठार बा। ई अफिरका के उत्तर-पूरबी हिस्सा में पड़े ला आ एक-लगातार ऊँच इलाका के रूप में पावल जाये वाला ई अफिरका के सभसे बेसी बिस्तार वाला इलाका हवे जहाँ कम-से-कम ऊँचाई 1,500 मी (4,900 फीट) से साइदे नीचे आवे ले आ चोटी सभ के ऊँचाई लगभग 4,550 मी (14,930 फीट) ले चहुँप जाला; एही कारन एकरा के अफिरका के छत कहल जाला।[1][2] एह पठार के अधिकतर हिस्सा इथियोपिया देस के बिचला आ उत्तरी हिस्सा में पड़े ला जबकि एकर एकदम उत्तरी हिस्सा आगे बढ़ के इरीट्रिया देस में पहुँच जाला जेकरा के इरीट्रिया के पठार के रूप में जानल जाला।

संदर्भ संपादन करीं

  1. Paul B. Henze, Layers of Time (New York: Palgrave, 2000), p. 2.
  2. Milkias, Paulos (2011). Ethiopia (अंग्रेजी में). ABC-CLIO. ISBN 978-1-59884-257-9. Retrieved 19 दिसंबर 2021.