इमानुएल ज्यां-मिशेल फ्रेदेरिक माक्रों (Emmanuel Jean-Michel Frédéric Macron) भा इमानुएल माक्रों (जनम 21 दिसंबर 1977) फ्रांस के राष्ट्रपति आ अंडोरा के प्रिंस (पद के कारण) बाने। एकरे पहिले ऊ फ्रांसोआ ओलांद के सरकार में कई पद पर रह चुकल रहलें।

Emmanuel Macron during his meeting with Vladimir Putin, June 2017.jpg
2017 में माक्रों
फ्रांस के राष्ट्रपति
पदभार लिहल गइल
14 मई 2017
परधानमंत्री एदुआर्द फिलिप
इनसे पहिले फ्रांसोआ ओलांद
निजी जानकारी
जनम इमानुएल ज्यां-मिशेल फ्रेदेरिक माक्रों
21 दिसम्बर 1977 (1977-12-21) (उमिर 39)
अमेंस, फ्रांस
राजनीतिक पार्टी एन मार्च (2016–present)
अन्य राजनीतिक
जुड़ाव
सोशलिस्ट पार्टी (2006–2009)
निर्दल (2009–2016)
जीवनसाथी ब्रिगेट तुर्गनेव (2007–present)
निवास एलिसी महल
महतारी संस्था पेरिस विश्वविद्यालय
दस्खत

माक्रों, एकरा पहिले सरकारी सेवा में (सिविल सर्वेंट) रहलें आ निवेश बैंकर रहलें। 2006 से 2009 ले माक्रों, फ्रांसीसी सोशलिस्ट पार्टी में रहलें आ साल 2016 के नवंबर महीना में घोषणा कइलेन कि ऊ नया बैनर "एन मार्च" के तहत फ्रांस के राष्ट्रपति के चुनाव लड़िहें। माक्रों के सेंटरिस्ट[1] आ उदारवादी मानल जाला।

मई 2017 में माक्रों, उग्र दक्षिणपंथी मारी ले पेन के हरा के फ्रांस के राष्ट्रपति बन गइलें। 39 बरिस के उमिर में ऊ फ्रांस के अबतक ले के सभसे जुवा राष्ट्रपति बाने।[2]

संदर्भसंपादन