फ्रांस

यूरोप के एगो देस

फ़्रांस यूरोप महादीप के पच्छिमी हिस्सा में एगो देस हवे। फ्रांस के राजधानी पैरिस हवे आ ई दुनिया के परभावशाली देसन में से एक हवे। फ्रांस देस के राज्यक्षेत्र एकरा मुख्य भूमि के अलावा बाकी कई समुंदरपार राज्यक्षेत्र आ इलाका सभ के रूप में भी बा। यूरोप में मौजूद फ्रांस के मुख्य भूमि के मेट्रोपोलिटन फ्रांस कहल जाला। ई मुख्य भूमि, भूमध्यसागर से ले के इंग्लिश चैनल आ नार्थ सागर ले, आ राइन नदी से ले के अटलांटिक महासागर तक ले बिस्तार लिहले बा। समुंदरपार इलाका में दक्खिन अमेरिका महादीप पर फ्रेंच गयाना के रूप में आ अउरी कई गो दीप सभ के रूप में बा जे अटलांटिक, प्रशांतहिंद महासागर में स्थित बाने। फ्रांस के कुल रकबा 6,43,801 बर्ग किलोमीटर बा आ इहाँ के कुल जनसंख्या जनवरी 2017 के अनुमान अनुसार 6.7 करोड़ रहल। राजनीतिक हिसाब से ई एकात्मक आ आधा-राष्ट्रपतीय रिपब्लिक हवे। सभसे बड़ शहर आ राजधानी पैरिस बा के सांस्कृतिक, आर्थिक आ बाणिज्य के राजधानी भी बा। अन्य प्रमुख शहर सभ में मार्सेली, लियोन, लिले, नाइस, तुलू आ बोर्दों के नाँव गिनावल जा सके ला।

फ्रांसीसी रिपब्लिक
झंडा राष्ट्रीय चीन्हा
मोटो: लिबर्ते, ईगलिते, फ्रेतर्निते
"स्वतंत्रता, समानता, बंधुता"
राष्ट्रगान: "ला मार्सिले"
Location of  मेट्रोपोलिटन फ्रांस  (गहिरा हरियर)– in यूरोप  (हरियर & गहिरा मटिया)– in यूरोपियन युनियन  (हरियर)
Location of  मेट्रोपोलिटन फ्रांस  (गहिरा हरियर)

– in यूरोप  (हरियर & गहिरा मटिया)
– in यूरोपियन युनियन  (हरियर)

राजधानी
and largest city
पैरिस
ऑफिशियल भाषा
आ राष्ट्रीय भाषा
फ्रेंच
राष्ट्रीयता
  • 89.4% फ्रांसीसी लॉग
  • 4.4% फ्रांसीसी (हासिल कइल)
  • 6.2% बिदेसी
  • 8.9% आप्रवासी[1]
लोग के नाँव फ्रेंच/फ्रांसीसी
सरकार यूनिटरी राष्ट्रपति शासन वाला रिपब्लिक
 •  राष्ट्रपति इमानुएल माक्रों
 •  प्रधानमंत्री एदुआर्द फिलिप
स्थापना
 •  फ्रांसिया के एकीकरण 486 
 •  वेर्दूं के संधि[नोट 1] अगस्त 843 
 •  रिपब्लिक के स्थापना 22 सितंबर1792 
 •  यूरोपीय आर्थिक समुदाय (अब यूरोपियन यूनियन) 1 जनवरी 1958 
 •  वर्तमान संबिधान[नोट 2] 4 अक्टूबर 1958 
क्षेत्रफल
 •  कुल 643,801 किमी2[नोट 3][2] (41वाँ)
248,600 वर्ग मील
 •  मेट्रोपोलिटन फ्रांस (IGN) 551,695 km2[नोट 4] (50th)
213,010 sq mi
 •  मेट्रोपोलिटन फ्रांस (Cadastre) 543,940.9 km2[नोट 5][3] (50वाँ)
210,026 sq mi
जनसंख्या
 •  कुल 2017​ अनुमान 67,013,000[4] (20वाँ)
 •  मेट्रोपोलिटन फ्रांस अप्रैल 2017 अनुमान 64,880,000[4] (22वाँ)
 •  घनत्व 116/कि॰मी॰[नोट 6] (89th)
301/वर्ग मील
जी॰डी॰पी॰ (पी॰पी॰पी॰) 2015 अनुमान
 •  Total $2.647 trillion (10वाँ)
 •  Per capita $41,181[5] (24th)
जी॰डी॰पी॰ (नॉमिनल) 2017 estimate
 •  Total $2.420 trillion (7वाँ)
गिनी (2013) 30.1[6]
medium
ऍच॰डी॰आइ॰ (2015) Increase 0.897[7]
very high · 21वाँ
टाइम जोन CET[नोट 7] (UTC+1)
 •  Summer (DST) CEST[नोट 8] (UTC+2)
तारीख रूप dd/mm/yyyy
ड्राइविंग दाहिने

कला, संस्कृति, बिज्ञान आ दर्शन के क्षेत्र में लंबा समय से फ्रांस के पूरा दुनिया में आगे गिनल जा सके लायक जगह रहल बा। ई यूरोप के चउथा सभसे ढेर यूनेस्को बिस्व धरोहर वाला देस हवे। फ्रांस में हर साल 8.3 करोड़ के आसपास पर्यटक लोग आवे ला, एह मामिला में ई दुनिया में नंबर एक पर बा। ई एगो बिकसित राष्ट्र हवे आ नामिनल जीडीपी के हिसाब से दुनिया के पाँचवाँ आ पीपीपी के हिसाब से दुनिया के नउवाँ सभसे बड़ देस हवे। समेकित हाउसहोल्ड धन के हिसाब से ई दुनिया में चउथा नंबर पर बा। शिक्षा, सेहत रखरखाव, जीवन प्रत्याशा आ मानव बिकास के मामिला में भी एकर स्थान दुनिया में ऊपर के देस सभ में बा। अबो भी फ्रांस दुनिया के एगो प्रमुख ताकत बा आ ई यूनाइटेड नेशंस के सुरक्षा काउंसिल के पाँच गो स्थाई मेंबर सभ में हऽ जेकरा लगे वीटो पावर बा आ घोषित रूप से परमाणु हथियार संपन्न देस बाटे। यूरोपियन यूनियन आ यूरोजोन के अगुआ देसन में से एक बा। G7, NATO, OECD, WTO आ La Francophonie जइसन पावरफुल अंतरराष्ट्रीय मंडली सभ के सदस्य देस बा।

बिसयसूची

नाँवसंपादन

मूल रूप से पूरा फ्रैकिश साम्राज्य के खाती इस्तेमाल होखे वाला शब्द "फ्रांस" लैटिन भाषा के "फ्रांसिया" से जनमल हवे। एकर अरथ होखे "फ्रैंक लोग के देस"।[8] आधुनिक जुग के वर्तमान फ्रांस के अब्बो इटैलियन आ स्पेनी भाषा सभ में "फ्रांसिया" कहल जाला, जर्मन भाषा में "फ्रांकरीष" आ डच भाषा में "फ्रांकरिज्क" कहल जाला। इनहन के इतिहासी अरथ उहे हवे, मने कि "फ्रैंक लोग के देस"।

"फ्रैंक" शब्द, जे लोगन के समुदाय खाती इस्तेमाल होखे, के उत्पत्ती के बारे में कई मत बाने। एडवर्ड गिबन आ जैकब ग्रिम के परंपरा के माने वाला लोग के अनुसार[9] ई शब्द अंगरेजी भाषा के शब्द फ्रैंक (अर्थ फ्री भा आजाद) से उपजल हवे।[10] एकर तर्क ई दिहल जाला कि गॉल (वर्तमान फ्रांस के ज्यादातर भूगोली इलाका के गॉललैंड कहल जाय) के ऊपर कब्ज़ा करे के बाद खाली फ्रैंक लोग अइसन रहल जे लोग के टैक्स देवे से छूट भा आजादी मिलल रहल।[11] दूसर थियरी ई कहे ले कि एह शब्द के उत्पत्ती मूल जर्मनिक भाषा से भइल हवे जहाँ "फ्रांकोन" एक तरह के भाला भा हथियार के नाँव रहल जेकरा के कुल्हाड़ा नियर फेंक के मारल जाय आ जे लोग एह हथियार के इस्तेमाल करे उनहन लोग के फ्रैंक कहल गइल।[12] हालाँकि, बाद में, ई बतावल गइल बा कि एह तरीका के हथियारन के नाँव एह कारन धराइल कि ई फ्रैंक लोग द्वारा इस्तेमाल कइल जायँ, यानी कि नाँव के पड़े के तरीका उल्टा बाटे।[13]

इतिहाससंपादन

भूगोलसंपादन

फ्रांस के राज्यक्षेत्र (टेरिटरी) के ज्यादातर हिस्सा पच्छिमी यूरोप में पड़े ला आ एकरा के मेट्रोपोलिटन फ्रांस कहल जाला जवना से कि समुंद्र पार के फ्रांसीसी इलाका सभ से एकरा के अलग बूझल जा सके। एह में फ्रांस के मुख्य इलाका आ आसपास के कुछ दीप सभ सामिल बाने आ एकरे उत्तर में नार्थ सागर, उत्तर पच्छिम में इंग्लिश चैनल, पच्छिम में अटलांटिक महासागर आ दक्खिनपूरुब में भूमध्य सागर मौजूद बा। जमीनी सीमा सभ, उत्तर पूरुब में बेल्जियमलक्जमबर्ग, पूरुब में जर्मनी आ स्विट्जरलैंड, दक्खिन पूरुब में इटली आ मोनाको, आ दक्खिन आ दक्खिन पच्छिम में अंडोरा आ स्पेन के साथे बने ला। उत्तर पूरुब के हिस्सा छोड़ दिहल जाय त बाकी फ्रांस के जमीनी सीमा प्राकृतिक सीमा हई स जइसे कि दक्खिन में पिरेनीज पहाड़ से, दक्खिन पूरुब में आल्प्स आ जूरा परबत से आ पूरुब में राइन नदी से। एकरे आकृति के कारण फ्रांस के हेक्सगन (l'Hexagone) यानी षटकोण कहल जाला।

मेट्रो फ्रांस में कई गो दीप भी सामिल बाने जिनहन में सभसे बड़ बा कोर्सिका; एकरे अलावा इंग्लिश चैनल आ भूमध्य सागर में अउरी कई गो छोट छोट दीप बाने।

मेट्रो फ्रांस के लोकेशन 41° आ 51° N अक्षांस अउरी 6° पच्छिमी आ 10° पूरबी देशांतर के बीच बा आ ई उत्तरी उपोष्ण कटिबंधी इलाका में पड़े ला। एकर महादीपी हिस्सा उत्तर से दक्खिन आ पूरुब से पछिम ले लगभग 1000 किमी लंबाई आ एतने चौड़ाई वाला बाटे।

मुख्य भूमि के अलावा फ्रांस के अधीन कई गो समुंद्र पार इलाका भी बाने:

  • दक्खिन अमेरिका महादीप में: फ्रेंच गयाना
  • अटलांटिक महासागर में: सेंट पियरे आ मिकेलन; एंटिलीज में गुआडेलो, मार्टिनीक, सेंट मार्टिन, आ सेंट बार्थेलेमी।
  • प्रशांत महासागर में: फ्रेंच पोलिनेशिया, न्यू कैलेडोनिया, वालिस आ फुतुना आ क्लिपर्तन दीप
  • हिंद महासागर में: रियूनियन दीप, मायोत्ते, केरगुएलेन दीप, क्रोजेट दीप, सेंट पॉल दीप, एम्सटर्डम दीप आ अन्य छिटपुट दीप।
  • अंटार्कटिका में: अदीले लैंड

एही कारण, फ्रांस के सीमा वाया फ्रेंच गयाना ब्राजीलसूरीनाम से मिले ला आ सेंट मार्टिन के कुछ हिस्सा द्वारा नीदरलैंड से भी एकर सीमा बने ला।

नोटसंपादन

  1. Established the Kingdom of the West Franks (the Kingdom of France) from the Carolingian Empire of Francia.
  2. Established the French Fifth Republic
  3. Including all the overseas departments.
  4. French National Geographic Institute data, which includes bodies of water.
  5. French Land Register data, which exclude lakes, ponds and glaciers larger than 1 km² (0.386 sq mi or 247 acres) as well as the estuaries of rivers.
  6. Metropolitan France only. The population density for the whole territory of the French Republic (including all overseas départements) is 103.49099/km2 (268.04043/sq mi).
  7. CET applies to Metropolitan France only. Time zones across the French Republic span from UTC-10 (PF) to UTC+12 (WF).
  8. CEST applies to Metropolitan France only. Not all overseas territories observe Daylight Saving Time.

संदर्भसंपादन

  1. "Résultats de la recherche - Insee". 
  2. "The World Factbook – Field Listing – Area"; CIA.gov; Central Intelligence Agency; पहुँचतिथी 1 November 2015. 
  3. "France Métropolitaine"; INSEE; 2011. 
  4. 4.0 4.1 "Montly estimate INSEE- Insee". 
  5. "France, World Economic Outlook Database, April 2016"; International Monetary Fund; पहुँचतिथी 9 मई 2016. 
  6. "CIA World Factbook"; CIA; पहुँचतिथी 16 April 2013. 
  7. "2016 Human Development Report"; United Nations Development Programme; 2016; पहुँचतिथी 23 March 2017. 
  8. "History of France"; Discoverfrance.net; ओरिजिनल से 24 August 2011 के पुरालेखित; पहुँचतिथी 17 July 2011. 
  9. Perry, Walter Copland (1857). The Franks, from Their First Appearance in History to the Death of King Pepin. London: Longman, Brown, Green, Longmans, and Roberts.
  10. उदाहरण: "frank"; American Heritage Dictionary.  "frank"; Webster's Third New International Dictionary.  And so on.
  11. Michel Rouche (1987); "The Early Middle Ages in the West"; भाषा: Paul Veyne; A History of Private Life: From Pagan Rome to Byzantium; Belknap Press; p. 425; ISBN 0-674-39974-9; OCLC 59830199. 
  12. Tarassuk, Leonid; Blair, Claude (1982); The Complete Encyclopedia of Arms and Weapons: the most comprehensive reference work ever published on arms and armor from prehistoric times to the present with over 1,250 illustrations; Simon & Schuster; p. 186; ISBN 0-671-42257-X; पहुँचतिथी 5 July 2011. 
  13. Isidore of Seville, Etymologiarum sive originum, libri XVIII