इस्लामिक सहजोग संगठन (अंग्रेजी: Organization of Islamic Cooperation), चाहे संछेप में ओआईसी (OIC), एगो इंटरनेशनल संगठन बाटे जेकर अस्थापना 1969 में भइल रहल, एह में कुल 57 गो देस सामिल बाड़ें जिनहन के कुल आबादी 1.8 बिलियन (2015 में) बा आ इनहन में से 49 गो देस अइसन बाड़ें जहाँ मुसलमान आबादी मेजारिटी में बाटे।[1] एह संगठन के दावा बा की ई "मुस्लिम दुनियाँ के सामूहिक आवाज हवे" आ ई "मुस्लिम वल्ड के इंटरेस्ट के सुरक्षा आ संरक्षा करे खातिर काम करे ला जवना से मकसद अंतर्राष्ट्रीय शांति आ समरसता के बढ़ावा दिहल बा"।[2]

Organisation of Islamic Cooperation

منظمة التعاون الإسلامي  (अरबी)
Organisation de la coopération islamique  (फ्रेंच)
OIC के झंडा
झंडा
मोटो: "To safeguard the interests and ensure the progress and well-being of Muslims"
  Member states   Observer states   Suspended states
  Member states
  Observer states
  Suspended states
मुख्यालय जेद्दा, सऊदी अरब
ऑफिशियल भाषा
प्रकारअंतर-सरकारी संगठन
सदस्यता57 सदस्य देस
इस्थापित
• Charter signed
25 सितंबर 1969; 54 साल पहिले (1969-09-25)
जनसंख्या
• 2018 अनुमान
1.81 billion
वेबसाइट
www.oic-oci.org

ओआईसी सयुंक्त राष्ट्र के बाद दूसरहा सभसे बड़ अंतर-सरकारी संगठन हवे।[नोट 1]

ओआईसी के मुख्यालय सऊदी अरब के जेद्दा शहर में बा। भारत के पड़ोसी देस पाकिस्तान एकरे संस्थापक सदस्यन में से हवे आ अउरी पड़ोसी देसन में अफगानिस्तान, बंगलादेश आ मालदीव एह संगठन में शामिल बाड़ें। रूस आ थाइलैंड एह संगठन के पर्यवेक्षक (ऑब्जर्वर स्टेट) हवें आ यूनाइटेड नेशंस आ यूरोपीयन युनियन के प्रतिनिधिमंडल इहाँ रहे ला। एक शिखर सम्मलेन हर तिसरा साल पर होखे ला आ सभसे हालिया 17वाँ सम्मेलन पाकिस्तान में भइल।[3]

सदस्य देस संपादन करीं

Africa संपादन करीं

Asia संपादन करीं

Europe संपादन करीं

South America संपादन करीं

नोट संपादन करीं

  1. अंतर-सरकारी संगठन (Inter-governmental Organization-IGO) आपसी संधि-समझौता पर आधारित अइसन संगठन होखे लें जिनहन में दू भा दू से बेसी देस सामिल होखे लें आ आपसी बिस्वास के साथे कॉमन हित के मुद्दा सभ पर काम करे लें।

संदर्भ संपादन करीं

  1. The Pew Forum on Religion and Public Life. दिसंबर 2012. "The Global Religious Landscape: A Report on the Size and Distribution of the World’s Major Religious Groups as of 2010." DC: Pew Research Center. लेख.
  2. About OIC. Oic-oci.org. पहुँचतिथी 7 नवंबर 2014.
  3. "पाकिस्तान में OIC सम्मेलन छोड़ भारत आए पांच मुस्लिम देशों के विदेश मंत्री". BBC News हिंदी (हिंदी में). Retrieved 19 दिसंबर 2021.
  4. Alsharif, Asma (16 August 2012). "Organization of Islamic Cooperation suspends Syria". U.S. Retrieved 16 February 2019.