एड्रियाटिक सागर (अंग्रेजी: Adriatic Sea) दक्खिनी यूरोप में भूमध्य सागर के हिस्सा हवे, एकर उत्तरी बाँह, जे इटली प्रायदीप आ बाल्कन प्रायदीप के बीचा में बा आ दक्खिन में ओत्रांतो जलजोड़ एकरा के आयोनियन सागर से जोड़े ला। एकर बिस्तार उत्तर-पच्छिम से दक्खिन-पूरुब के दिसा में लंबाई लिहले बाटे, एकरे उत्तर में जमीनी हिस्सा पर इटली के परसिद्ध "पो घाटी" बाटे आ एह सागर के उत्तरी हिस्सा वेनिस के खाड़ी कहाला जे वेनिस शहर के नाँव पर पड़ल हवे।

एड्रियाटिक सागर
एड्रियाटिक सागर के नक्शा
लोकेशनदक्खिनी यूरोप
निर्देशांक43°N 15°E / 43°N 15°E / 43; 15निर्देशांक: 43°N 15°E / 43°N 15°E / 43; 15
प्रकारसागर
आगमAdige, Bojana, Drin, Krka, Neretva, Po, Soča
निकासआयोनियन सागर
थाला235,000 किमी2 (2.53×1012 वर्ग फु)
थाला के देसBordering: Italy, Albania, Croatia, Greece, Montenegro, Slovenia, and Bosnia and Herzegovina
Not bordering: Serbia, North Macedonia, Kosovo,[नोट 1] Austria, Switzerland and France (drainage basins for inflow rivers)[1]
अधिकतम लंबाई800 किमी (500 मील)
अधिकतम चौड़ाई200 किमी (120 मील)
सतह क्षेत्र138,600 किमी2 (1.492×1012 वर्ग फु)
औसत गहिराई252.5 मी (828 फीट)
अधिकतम गहिराई1,233 मी (4,045 फीट)
आयतन35,000 किमी3 (2.8×1010 एकड़·फीट)
जलनिवास समय3.4±0.4 years
नमकीन38–39 PSU
किनारा के लंबाई13,739.1 किमी (2,323.4 मील)
ऊपरी तापमान28 °C (82 °F)
निचला तापमान9 °C (48 °F)
दीप1300 से बेसी
आबादीबारी, इटली, वेनिस, Trieste, Split, Pescara, Koper, Šibenik, Rimini, Rijeka, Durrës, Ancona, Zadar, Vlorë, Brindisi, Dubrovnik, Neum
1 किनारा के लंबाई कौनो सटीक माप ना हवे।

एड्रियाटिक सागर के पच्छिमी तीरे पर इटली देस हवे आ पूरबी तीरे पर उत्तर से दक्खिन के क्रम में स्लोवेनिया, क्रोशिया, बोस्निया अउरी हर्जेगोविना, आ अल्बानिया देस बाड़ें जे बाल्कन प्रायदीप के पूरबी तट पर हवें।

एड्रियाटिक सागर में लगभग 1300 के आसपास छोट-बड़ टापू बाड़ें जिनहन में सभसे बेसी, बारह सौ से बेसिये, क्रोएशिया के तट के सहारे बाड़ें। एह सागर में सबसे बेसी एक्सक्लूजिव इकोनॉमिक जोन के एरिया इटली के बा आ सभसे कम बोस्निया आ हर्जेगोविना देस के बाटे।

वेनिस एह सागर के तट पर मौजूद परसिद्ध शहर हवे आ बारी एकरे किनारे बसल सभसे बड़हन शहर हवे।

नोट संपादन करीं

  1. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named status

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Drainage Basin of the Mediterranean Sea" (PDF). Second Assessment of Transboundary Rivers, Lakes and Groundwaters (Report). UNECE. August 2011.