इटली

दक्खिनी यूरोप में एगो देस

निर्देशांक: 43°N 12°E / 43°N 12°E / 43; 12

इटली (अंग्रेजी: Italy) यूरोप में एगो देस बाटे। एकर राजधानी रोम हवे। भूमध्य सागर के बीचोबीच मौजूद ई देस, मुख्य रूप से प्रायदीप हवे आ एकर जमीनी बाडर फ्रांस, स्विट्जरलैंड, ऑस्ट्रिया, स्लोवेनिया, सैन मरीनो, आ वेटिकन सिटी के साथे बाद। इटली के बिस्तार लगभग 301,338 किमी2 (116,347 वर्ग मील) एरिया पर बाटे आ ई मुख्य रूप से समशीतोष्ण जलवायु वाला आ भूमध्य सागरीय जलवायु इलाका हवे। इहाँ के जनसंख्या लगभग 61 बा आ एह हिसाब से ई यूरोपियन यूनियन में चउथा आ दक्खिनी यूरोप में सभसे ढेर जनसंख्या वाला देस बाटे।

इटैलियन रिपब्लिक

इटली के झंडा
झंडा
{{{coat_alt}}}
राजचीन्हा
 इटली के लोकेशन (गहिरा हरियर) – यूरोप (हल्का हरियर & गहिरा सलेटी) में – यूरोपियन युनियन (हल्का हरियर) में  –  [संकेत]
 इटली के लोकेशन (गहिरा हरियर)

– यूरोप (हल्का हरियर & गहिरा सलेटी) में
– यूरोपियन युनियन (हल्का हरियर) में  –  [संकेत]

राजधानी
आ सभसे बड़ शहर
रोम
41°54′N 12°29′E / 41.900°N 12.483°E / 41.900; 12.483
ऑफिशियल भाषाइटैलियनa
लोग कहालाइटैलियन
रकबा
• कुल
301,338 किमी2 (116,347 वर्ग मील) (71वाँ)
• जल (%)
2.4
जनसंख्या
• 2016 अनुमान
60,589,445 Increase[1] (23वाँ)
• Density
201.3/किमी2 (521.4/वर्ग मील) (63rd)
जीडीपी (पीपीपी)2016 अनुमान
• कुल
$2.233 trillion [2] (12वाँ)
• प्रति ब्यक्ति
$39,145[2] (32वाँ)
जीडीपी (नॉमिनल)2018 अनुमान
• कुल
2.181 trillion[3] (8वाँ)
• Per capita
$35,913[3] (27वाँ)
गिनी (2016)33.1[4]
medium
एचडीआइ (2015)Increase 0.887[5]
very high · 26th
करेंसीEuro (€)b (EUR)
टाइम जोनCET (यूटीसी+1)
• गर्मीं में (डीएसटी)
CEST (यूटीसी+2)
तारीख प्रारूपdd/mm/yyyy (AD)
ड्राइविंगright
कालिंग कोड+39c
इंटरनेट टीएलडी.itd

भूगोल संपादन करीं

इटली के लोकेशन दक्खिनी यूरोप में बा, 35° से 47° N अक्षांस आ 6° से 19° E देशांतर के बिचा में ई देस बिस्तार लिहले बा। इटली के उत्तर में एकर सीमा फ्रांस, स्विट्जरलैंड, ऑस्ट्रियास्लोवेनिया से मिले ला आ ई सीमा मोटामोटी रूप से आल्प्स परबत के जलबिभाजक के सहारे बाटे, पहाड़ी इलाका के घेरा में इहाँ के पो घाटीवेनेसियाई मैदान बाटे। एकरा दक्खिन में ई पूरा प्रायदीपी भाग हवे जेकरा के इटैलियन प्रायदीप कहले जाला आ भूमध्य सागर में दू गो बड़हन दीप बाड़ें सिसिलीसार्डीनिया। इनहन के अलावे अउरी कई गो छोटहन दीप भी बाड़ें। संप्रभु राज्य सैन मरीनोवेटिकन सिटी दुनों इटली देस के एन्क्लेव हवें, मने कि एह देसन के चारो ओर इटली के सीमा बा। कैंपियोने दि'इटालिया नाँव के एन्क्लेव, जे इटली के हिस्सा हवे, स्विट्जरलैंड के भीतर बा।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "National demographic estimate, दिसंबर 2016". ISTAT. Archived from the original on 6 अगस्त 2017. Retrieved 23 अक्टूबर 2017.
  2. 2.0 2.1 "Archived copy". Archived from the original on 8 February 2018. Retrieved 2018-01-12.{{cite web}}: CS1 maint: archived copy as title (link)
  3. 3.0 3.1 "Report for Selected Countries and Subjects". www.imf.org.
  4. "Gini coefficient of equivalsed disposable income (source: SILC)". Luxembourg: Eurostat. 15 जून 2017. Archived from the original on 4 मार्च 2016. Retrieved 24 जून 2017.
  5. "2016 Human Development Report" (PDF). United Nations Development Programme. 2016. Archived (PDF) from the original on 22 मार्च 2017. Retrieved 23 मार्च 2017.