एयर फ़्रांस
एयर फ़्रांस, जेके एयरफ्रान्स की रूप में देखावल गइल बा, उ फ्रैंच ध्वजवाहक ह, एकर मुख्यालय ट्रेम्बले-एन-फ़्रांस (पेरिस की उत्तर) में आइल बा। इ एयर फ्रांस-केएलएम ग्रुप क सहायक कंपनी ह और स्काईटीम वैश्विक एयरलाइन गठबंधन क संस्थापक सदस्य ह। 2013 ले एयर फ्रांस, फ्रांस में 36 स्थल खातिर सेवा दे और 93 देश (फ्रांस की विदेश विभाग और क्षेत्र सहित) में 168 गंतव्य खातिर दुनिया भर में निर्धारित यात्री और कार्गो सेवा संचालित करे और इ 2015 में 46,803,000 यात्रिन क परिवहन कइलस। ए एयरलाइन क वैश्विक केंद्र चार्ल्स डी गॉल एयरपोर्ट पर ऑरल एयरपोर्ट की साथ में बा। एयर फ्रांस क कार्पोरेट मुख्यालय, पाहिले मॉन्टपार्नेस्से,पेरिस में रहे,[2] अब पेरिस की उत्तर में,[3] चार्ल्स डी गॉल हवाई अड्डा पर बा।
![]() | |||||||
| |||||||
स्थापना | 7 अक्टूबर 1933 | ||||||
---|---|---|---|---|---|---|---|
हब |
| ||||||
फोकस शहर |
| ||||||
आम उड़ान | Flying Blue | ||||||
एयरपोर्ट लाउंज |
| ||||||
सहयोग समझौता | SkyTeam | ||||||
उप-कंपनी |
| ||||||
बेड़ा आकार | 233 | ||||||
जगह | Air France destinations | ||||||
कंपनी नारा | France is in the air | ||||||
मूल कंपनी | Air France–KLM | ||||||
मुख्यालय |
Roissypôle Charles de Gaulle Airport Tremblay-en-France, France | ||||||
प्रमुख लोग |
| ||||||
कर्मचारी | 69,553 (5 मार्च 2014) | ||||||
वेबसाइट | www.airfrance.com |
एयर फ़्रांस क गठन 7 अक्टूबर 1933 के एयर ओरिएंट, एयर यूनियन, कॉम्पैनी गनेरेल एरोपोस्टेल, कॉम्पेनी इंटरनेशनल डे नेविगेशन एरियन (CIDNA) और सोएटेटे गेनेरेल डे ट्रांसपोर्ट एरियन (SGTA) की विलय से कइल गइल रहे। शीत युद्ध की दौरान, 1950 से 1990 ले, इ पश्चिम बर्लिन की टेंपेलहोफ और टेजल हवाई अड्डन पर जर्मनी में सक्रिय तीनगो मुख्य अनुसूचित विमान सेवा में से एगो रहे। 1990 में, इ फ्रेंच घरेलू विमान सेवा एयर इंटर और अंतरराष्ट्रीय प्रतिद्वंदी UTA- यूनियन डी ट्रांसपोर्ट एरियंस क अधिग्रहण क लिहलस। इ केएलएम की साथ 2003 की विलय से पहिले सात दशक ले फ्रांस की प्राथमिक राष्ट्रीय ध्वज वाहक की रूप में सेवा दिहलस।[4]
अप्रैल 2001 और मार्च 2002 की बीच में, इ एयरलाइन 43.3 मिलियन यात्रिन क परिवहन कइलस और एकर कुल राजस्व €12.53 बिलियन रहे, नवंबर 2004 में, एयर फ्रांस कुल 25.5% बाजार हिस्सेदारी की साथ सबसे बड़ यूरोपीयन एयरलाइन बनल, और परिचालन राजस्व के मामला में दुनिया में सबसे बड़ एयरलाइन बनल।
एयर फ़्रांस लंबा दूरी की रास्ता खातिर एयरबस और बोइंग जैसन चौड़ा जेट विमानन की एगो मिश्रित बेड़ा क संचालन करेला, और लघु-उड़ान वाला रास्तन प एयरबस ए 320 विमानन का उपयोग करेले। एयर फ्रांस पेरिस की चार्ल्स डी गॉल हवाई अड्डा से न्यूयॉर्क शहर की जेएफके हवाई अड्डा प सेवा की साथ 20 नवंबर 2009 के ए 380 क शुरुआत कइलस। ए विमान सेवा क क्षेत्रीय एयरलाइन सहायक कंपनी, एचओपी! क्षेत्रीय जेट विमानन की एगो बेड़ा की साथ आपन अधिकतर क्षेत्रीय घरेलू और यूरोपीय अनुसूचित सेवा क संचालन करेले।
7 अक्टूबर 1933 के एयर फ़्रांस क गठन भइल रहे।
26 जून 1945 के फ्रांस क सब एयर ट्रांसपोर्ट कंपनी राष्ट्रीयकृत भइली स। 29 दिसंबर 1945 के फ्रांसीसी सरकार क एगो डिक्री एयर फ्रांस के पूरा फ्रांसीसी हवाई परिवहन नेटवर्क क प्रबंधन प्रदान कइलस [5] एयर फ़्रांस 1946 में आपन पहिला उड़ान परिचारक नियुक्त कइलस। एही वर्ष में एयरलाइन आपन पहिला एयर टर्मिनल केंद्रीय पेरिस की लेस इनवेलाइड्स में खोललस। इ पेरिस ले बोर्गाट एयरपोर्ट से जोड़ल गइल, जवन की एयर फ्रांस क पहिला संचालन और इंजीनियरिंग बेस रहे। ओ समय ले एकर नेटवर्क 160,000 किलोमीटर तक क दुरी कवर कइले रहे, जवन की दुनिया में सबसे लंबा होखले क दावा कइल गइल रहे। 1 जनवरी 1946 के सोसाइटी नेशनेल एयर फ्रांस क स्थापना भइल रहे। 1948 ले एयर फ्रांस 130 विमानन क संचालन कइले रहे, जवन दुनिया क सबसे बड़ बेड़ा में से एगो रहे।
इहो देखल जायसंपादन
संदर्भसंपादन
- ↑ "Board of directors : Air France – Corporate". Corporate.airfrance.com. पहुँचतिथी 2014-03-02.
- ↑ Salpukas, Agis (27 December 1992). "Air France's Big Challenge". The New York Times. ओरिजनल से 18 June 2009 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 31 मई 2009. Unknown parameter
|deadurl=
ignored (मदद) - ↑ "Air France – Company Overview". Hoover's. 2009. ओरिजनल से 27 अप्रैल 2009 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 31 मई 2009.
- ↑ "Air France". cleartrip.com. पहुँचतिथी 7 अप्रैल 2017.
- ↑ "Air France: History". Air France. पहुँचतिथी 31 मई 2011.