ओरंग नेशनल पार्क
ओरंग नेशनल पार्क (अंग्रेजी: Orang National Park) चाहे ओरांग नेशनल पार्क भारतीय राज्य आसाम में ब्रह्मपुत्र नदी के उत्तरी तीरे पे एगो नेशनल पार्क बा। ई संरक्षित इलाका आसाम के दरंग आ शोणितपुर जिला में पड़े ला। एकर कुल रकबा 79.28 किमी2 (30.61 वर्ग मील) बाटे। संरक्षित इलाका के रूप में एकरा के 1985 में बनजीव बिहार (सैंक्चुअरी) घोषित कइल गइल आ 13 अप्रैल 1999 के नेशनल पार्क के दर्जा दिहल गइल। एहिजे कई किसिम के जियाजंतु आ चिरई देखल जा सके लीं। मुख्य रूप से ई भारतीय गैंडा, एशियाई हाथी, शेर (बंगाल टाइगर) आ हिरन (पाढ़ा) आ जंगली भँइस सभ खातिर जानल जाला। ब्रह्मपुत्र में गंगा सूंस (डॉल्फिन) भे देखल जा सकें लीं।[1]
ओरंग नेशनल पार्क | |
---|---|
आइयूसीएन श्रेणी II (राष्ट्रीय पार्क) | |
लोकेशन | Udalguri and Sonitpur district, Assam, India |
भूगोलीय निर्देशांक | 26°33′25″N 92°19′40″E / 26.5568148°N 92.3279016°Eनिर्देशांक: 26°33′25″N 92°19′40″E / 26.5568148°N 92.3279016°E |
रकबा | 78.81 किमी2 (30.43 वर्ग मील) |
स्थापना | 1985 |
गवर्निग बॉडी | भारत सरकार, आसाम सरकार |
संरक्षित क्षेत्र बने से पहिले ई शिकार करे वाला इलाका रहल आ सैन्चुअरी के नाँव राजीव गांधी ओरंग नेशनल पार्क रखल गइल।[2] एकरा के 'मिनी काजीरंगा कहल' जाला आ ई कई किसिम के मछरी सभ के ब्रीडिंग सेंटरो हवे।[3][1]
इहो देखल जाय
संपादन करींगैलरी
संपादन करीं-
Kaziranga rhinoceros also found in Orang National park
-
Rhino head
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ 1.0 1.1 "Rajiv Gandhi Orang National Park". Department of Environment & Forests Government of Assam. Archived from the original on 2010-12-06. Retrieved 2009-11-09.
- ↑ स्टाफ, द वायर (5 सितंबर 2021). "नॉर्थ ईस्ट डायरी: असम के राष्ट्रीय उद्यान से हटाया गया राजीव गांधी का नाम, कांग्रेस की आपत्ति". The Wire - Hindi. Retrieved 15 मार्च 2022.
- ↑ "Orang National Park, Assam India". kaziranganationalpark. Retrieved 15 मार्च 2022.