अलेक्जेंडर कनिंघम
ब्रिटिश आर्मी इंजीनियर आ अमेच्योर आर्कियोलॉजिस्ट (1814-1893)
(कनिंघम से अनुप्रेषित)
अलेक्जेंडर कनिंघम (अंग्रेजी: Alexander Cunningham; 23 जनवरी 1814 – 28 नवंबर 1893) ब्रिटिश आर्मी में इंजीनियर रहलें आ भारत के इतिहास आ पुरातत्व में बिसेस रूचि लिहलें। इनका के 1861 में सर्कार द्वारा सर्वेयर बनावल गइल आ इनहीं के अगुआई में ओह संस्था के अस्थापना आ संगठन भइल जेकरा के आज भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण के नाँव से जानल जाला। एह तरीका से कनिंघम भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण के पहिला सर्वेयर जनरल रहलें।
अलेक्जेंडर कनिंघम | |
---|---|
![]() कनिंघम | |
मूलभाषा में नाँव | Alexander Cunningham |
जनम | 23 जनवरी 1814 लंदन |
निधन | 28 November 1893 लंदन | (उमिर रहल 79)
राष्ट्रीयता | ब्रिटिश |
पेशा |
|
परसिद्धि के कारन | आर्कियोलोजिकल सर्वे ऑफ इंडिया |
जीवनसाथी | एलिस कनिंघम (बियाह 1840) |
संतान |
|
माईबाप |
|
रिश्तेदार |
|
अपना जीवन में कनिंघम कई थे किताब आ मोनोग्राफ लिखलें। बिबिध प्रकार के पुरातात्विक महत्व के चीज एकट्ठा कइलें। इनके एकट्ठा कइल गइल बिबिध चीज सभ 1924 में इंग्लैंड ले जाइल गइल आ वर्तमान में ब्रिटिश म्यूजियम के हिस्सा बा।
संदर्भसंपादन
Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.
ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |