कन्वर्जेन्स जोन

मौसम संबंधी घटना आ क्षेत्र जहाँ दू ओर से हवा आ के एकट्ठा होखे लीं

मौसम बिज्ञान में कनवर्जेंस जोन वायुमंडल के अइसन क्षेत्र होखे ला जहाँ दू गो सदाबाहिनी हवा सभ आ के मिले लीं आ आमतौर पर अइसन इलाका में बिसेस किसिम के मौसमी दसा पैदा करे लीं।[1] एह घटना के रिजल्ट ई होला कि भारी मात्रा में हवा एकट्ठा होखे ले आ ऊपर उठे ले जेकरे चलते बादर के निर्माण आ बरखा के घटना होखे ला।[1] बड़हन पैमाना पर अइसन कनवर्जेंस के "सिनॉप्टिक-स्केल कनवर्जेंस" कहल जाला आ ई बैरोक्लाइनिक ट्रफ़, कम हवादाब के क्षेत्रचक्रवात नियर मौसम संबंधी सिस्टम के उत्पत्ती के साथे जुड़ल होखे लें।

मध्यम लेवल (मेसोस्केल) मौसमी घटना के रूप में क्यूबा में दुनों तट से आ के समुंदरी हवा (सी ब्रीज) कन्वर्ज होखे लीं आ कपासी बादर के रेखा बनावे लीं

बड़हन पैमाना पर अइसन कन्वर्जेन्स जोन भूमध्य रेखा के आसपास इंटरट्रॉपिकल कन्वर्जेन्स जोन के रूप में बने लें आ एह जोन के अउरी गम्हीर होखे के घटना बैस्विक रूप से तापमान में बढ़ती के रिजल्ट बाटे।[2] छोट पैमाना पर अइसन कन्वर्जेन्स सभ के कारण कपासी बादर बने लें आ अउरी गम्हीर होखे पर झंझावात सभ के उत्पत्ती होखे ला।

कनवर्जेंस के उल्टा दसा के डाइवर्जेंस होला जहाँ से हवा छितरा के एक दुसरे सेबिपरीत दिसा में बहे लीं आ अलगा होखे लीं।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 LEUNG Wai-hung (June 2010). "Meteorology Basics: Convergence and Divergence". Hong Kong Observatory. Archived from the original on October 26, 2019. Retrieved November 25, 2015.
  2. Byrne, Michael P.; Pendergrass, Angeline G.; Rapp, Anita D.; Wodzicki, Kyle R. (2018). "Response of the Intertropical Convergence Zone to Climate Change: Location, Width, and Strength". Current Climate Change Reports 4: 355-370. doi:10.1007/s40641-018-0110-5