काजू
काजू के फेड़ (Anacardium occidentale) एक ठो गरम जलवायु वाला इलाका सभ में होखे वाला फेड़ हवे जवना से काजू (गरी भा मेवा) आ काजू के फर उपजावल जाला।[1] ई फेड़ 14 मी (46 फीट) तक ले ऊँच हो सकेला, हालाँकि एकर बौना किसिम सभ जेवन लगभग 6 मी (20 फीट) के होलें, उपज के मात्रा आ जल्दी सुरुआत के कारन ढेर उपजावल जालें।
काजू | |
---|---|
Ripe cashew fruit | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | प्लांटाई |
(बिना रैंक कइल): | एंजियोस्पर्म |
(बिना रैंक कइल): | यूडिकॉट्स |
(बिना रैंक कइल): | रोसाइड |
ऑर्डर (Order): | सैपिंडेल्स |
परिवार: | एनाकार्डियासिया |
जाति (Genus): | एनाकार्डियम |
प्रजाति: | A. occidentale |
दूपद नाँव | |
Anacardium occidentale लिंनायस |
काजू के मेवा, जेकरा के खाली काजू भी कहल जाला, बहुत ब्यापक रूप से भोजन-पकवान में इस्तेमाल कइल जाए वाला मेवा हवे। एकरा के सीधे भी खाइल जाला, पकवान में भी पड़े ला आ एकरा से चीज आ काजू-माखन भी बनावल जाला। काजू गरी के ऊपरी छिलका के भी कई तरह से इस्तेमाल होला, बिसेस रूप से लुब्रिकेंट आ पेंट बनावे में। काजू Archived 2019-12-18 at the Wayback Machine के फर, ललछाहूँ पीयर रंग के फर होला जेकरा गूदा से मिठाई से ले के शराब ले बनावल जाला।
मूल रूप से ई ब्राजील के प्रजाति हवे आ वर्तमान में एकर उत्पादन करे वाला देस सभ में वियतनाम, नाइजीरिया, भारत आ आइवरी कोस्ट प्रमुख बाने। भारत के कर्नाटक, महाराष्ट्र, गोवा, आंध्रप्रदेश आ उड़ीसा में एकर खेती होला। गोवा के प्रसिद्ध लोकल शराब "फेनी" काजुये से बने ले।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ Morton, Julia F (1987). "Cashew apple, Anacardium occidentale L." Fruits of warm climates, Julia F. Morton. Center for New Crops & Plant Products, Department of Horticulture and Landscape Architecture, Purdue University, W. Lafayette, IN. pp. 239–240. ISBN 978-0-9610184-1-2. Retrieved 1 August 2016.
2.
ई फेड़-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |