काम भा कामदेव, हिंदू परंपरा में मानवीय प्रेम, आकर्षण आ कामुकता (सेक्सुअलिटी) के देवता हवें। अक्सर इनके चित्रण इनके पत्नी रति के साथे होला आ इनके अन्य नाँव सभ मदन, मन्मथ, मीनकेतु, कुसुमायुध आदि बाड़ें। कुछ कथा सभ में कृष्ण के बेटा प्रद्युम्न के कामदेवे के अवतार कल्पित कइल जाला। इनके बाहन सुग्गा हवे आ हथियार फूल के तीर-धेनुही। पुराणन में बर्णित कथा के अनुसार भगवान शिव द्वारा इनके जरा के भस्म क दिहल गइल रहे, एकरे बाद से ई अशरीरी रूप में हर पुरुष में निवास करे लें।

कामदेव
प्रेम, आकर्षण आ कामुकता के देवता
फूल के तीर-धेनुहीं लिहले, अपना बाहन सुगा पर सवार कामदेव
संबंधित बाड़ेप्रद्युम्न, वासुदेव
धामकेतुमाला-वर्ष
मंत्रकाम गायत्री[1]
हथियारऊख, फूलन के तीर आ धनुष
सवारीसुग्गा
Personal information
Consortरति, प्रीति
माई-बाबूजीब्रम्हा(जीवीय ना, बाकी इनके द्वारा सृजित)
सहोदरदक्ष( दुन्नो लोग के ब्रह्मा जी बनवलें ), धर्म, अग्नि

कामदेव के पूजा, माघ महीना के पंचिमी, मने कि बसंत पंचिमी से सुरू हो के चइत के पुर्नवासी ले चले ले, जेकरा के प्राचीन ग्रंथ सभ में मदनोत्सव कहल गइल बा। एही दौरान होली के तिहुआर भी पड़े ला आ एहू के मनावे में कामदेव के पूजा के बिधान हवे।

संदर्भ संपादन करीं

  1. Kāṇe, Pāṇḍuraṅga Vāmana; Institute, Bhandarkar Oriental Research (1958). History of Dharmaśāstra.