कालका मंदिर भारत के राजधानी दिल्ली में एगो हिंदू मंदिर बा आ देवी काली (जिनके पंजाबी लहजा में कालका कहल जाला) एह मंदिर के मुख्य देवी हई। मंदिर के लोकेशन दखिनी दिल्ली में नेहरू प्लेस के लगे बा आ आसपास के इलाका के मंदिरवे के नाँव पर कालका जी मोहल्ला के रूप में जानल जाला। आवागमन के साधन के रूप में इहाँ कालकाजी मेट्रो स्टेशन बा, सभसे नजदीकी बस स्टैंड नेहरू प्लेस में बा आ नजदीकी रेलवे टीशन ओखला हवे।

श्री कालका जी मंदिर
कालका मंदिर, दिल्ली is located in Delhi
कालका मंदिर, दिल्ली
दिल्ली में लोकेशन
नाँव
पूरा नाँवकालका जी मंदिर
भूगोल
देशभारत
Stateदिल्ली
जिलादक्खिन
लोकेशनमोहल्ला कालकाजी
भवन शैली
शैलीहिंदू मंदिर
इतिहास आ प्रशासन
वेबसाइटwww.shrikalkajimandir.in

प्रचलित मान्यता के मोताबिक एह मंदिर में मौजूद मूर्ती अपने-आप परगट भइल हवे आ सतजुग के जमाना के मानल जाले जब देवी रक्तबीज नियर दानवन के बिनास खाती काली के रूप धारण कइली।