किताब

लिखल पाठ जे प्रकाशित भइल होखे, छापा में चाहे इलेक्ट्रानिक तरीका से छपल होखे

किताब वा पुस्तक कागज या अन्य अइसने कौनों चीज के पन्ना सभ के एक किनारा ओर एक दूसरा से जुड़ल रूप ह। किताब के पन्ना सभ पाठ भा चित्र छपल होला। अगर कुछ न छपल होखे आ सादा पन्ना अइसन रूप में जुड़ल होखें तब ऊ चीज कापी, डायरी भा नोटबुक कहाला, जइसन भी इस्तेमाल होखे ओही के अनुसार।

कुछ किताब
किताब सभ

किताब के एगो पन्ना के अंग्रेजी में लीफ़ कहल जाला जेकरे दुन्नो साइड के पेज कहल जाला। भोजपुरी में दुन्नो खातिर "पन्ना" शब्द के इस्तेमाल होला आ जइसन प्रसंग होखे ओकरे अनुसार अरथ लगा लिहल जाला।

लाइब्रेरी साइंस में किताब के मोनोग्राफ भी कहल जाला। अइसन नाँव के कारण ई बा कि कई ठो पत्रिका या जर्नल सभ भी रूपरंग में किताब नियर हो सके लें, एही से अलगा अर्थ में साफ-साफ बूझे खातिर किताबिन के मोनोग्राफ कहल जाला।

कंप्यूटरमोबाइल पर पढ़ल जाए खातिर इलेक्ट्रानिक रूप से छपल किताब के ई-बुक कहल जाला।

इहो देखल जाय संपादन करीं

बाहरी कड़ी संपादन करीं