किसमिस चाहे किशमिश सूखल अंगूर होला। पारम्परिक रूप से बड़ अकार के अंगूरन से बनल किशमिश के मुनक्का कहल जाला।[1]

अंगूर सुखावे से ओकरे अंदर मौजूद चीनी रवा (क्रिस्टल) बना लेले
अलग-अलग जाति के अंगूरन से बनल किशमिश

पुष्टई संपादन करीं

किसमिस के वजन के 67% से 72% सुगर होला, जे अधिकतर ग्लूकोस आ फ़्रूक्टोस के रूप में होला।[2] एकर 3% भाग प्रोटीन आ 3.5% भाग पाचन में मददगार फ़ाइबर (रेशा) होला।[3] खूबानीआलू बोखारा के नियन इनहना में भी ऐंटी- ऑक्सिडॅन्ट​ के बहुत मात्र होखे ले बाकिर ताजा अंगूर के तुलना में एह में बिटामिन सी कम होला। एह में सोडियम कम होला आ कोलेस्टेरॉल बिलकुल ना होला।[4]

कुक्कुर खातिर जहरीला संपादन करीं

अंगूर आ किशमिश कुक्कुरन के गुर्दा खातिर नोकसानदेह होलें। एकर सही कारन अभिन ले मालुम नइखे बाकी ई चीज कुकुर के खाए के ना देवे के चाहीं।[5]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Punjabi Cook Book, Neera Verma, pp. 111, Diamond Pocket Books Pvt. Ltd., ISBN 978-81-7182-553-0, ... Kishmish Raisin ... Munakka Big raisin ...
  2. Albert Julius Winkler. General viticulture, University of California Press, 1962, p. 645. ISBN 978-0-520-02591-2
  3. http://nutritiondata.self.com/facts/fruits-and-fruit-juices/2050/2
  4. http://www.calraisins.org/professionals/healthy-benefits-of-raisins/
  5. Raisins and grapes can be harmful to dogs, snopes.com, Accessed on 21 जनवरी 2011