कृष्ण बिहारी मिश्र

हिंदी भाषा के लेखक

कृष्ण बिहारी मिश्र (1 जुलाई 1936 - 7 मार्च 2023) हिंदी क साहित्यकार आ विद्वान रहलें। बलियाँ जिला में जनमल मिश्र कलकत्ता में शिक्षक रहलें आ साहित्य के कई बिधा सभ में रचना कइलें। इनका साहित्य अकादमी के मूर्तिदेवी पुरस्कार आ भारत सरकार द्वारा पद्म श्री से सम्मानित कइल गइल रहल।

कृष्ण बिहारी मिश्र
जनम (1936-07-01) जुलाई 1, 1936 (उमिर 87)
निधनमार्च 7, 2023(2023-03-07) (उमिर 86)
महतारी संस्थाबीएचयू, कलकत्ता विश्वविद्यालय
बिधाललित निबंध, सामीक्षा
बिसयपत्रकारिता, लोक साहित्य, जीवनी (रामकृष्ण परमहंस)
प्रमुख रचना
  • कल्पतरु की उत्सव लीला
  • न मेधया
  • अराजक उल्लास
प्रमुख सम्मान
  • साहित्य भूषण
  • महात्मा गांधी सम्मान
  • विद्यानिवास मिश्र सम्मान
  • पद्म श्री

मिश्र के निधन कलकत्ता में 7 मार्च 2023 के भइल।[1][2]

सुरुआती जिनगी संपादन करीं

कृष्ण बिहारी मिश्र के जनम तिथि 1 जुलाई, 1936 बतावल जाला[3][4] आ जनम अस्थान उत्तर प्रदेश के बलियाँ जिला के बालिहार गाँव रहल। मिश्र जी के पढ़ाई बनारस हिंदू विश्वविद्यालय में भइल जहाँ ऊ हजारी प्रसाद द्विवेदी आ विश्वनाथ प्रसाद मिश्र नियर लोगन के प्रिय शिष्य रहलें। बाद में कलकत्ता चल गइलें आ ओहिजे रह के कलकत्ता विश्वविद्यालय से डाक्टरेट के डिग्री लिहलें जेकर बिसय हिंदी में पत्रकारिता रहल। एकरे बाद इनके साहित्यिक जिनगी के सुरुआत भइल आ जल्दिये ई ललित निबंध लेखक के रूप में परसिद्ध भ गइलेन।[5]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "पद्मश्री डॉ कृष्ण बिहारी मिश्र नहीं रहे, आचार्य हजारी प्रसाद द्विवेदी के शिष्य का ऐसा रहा है करियर". प्रभात खबर (हिंदी में).
  2. "पद्मश्री से सम्मानित साहित्यकार कृष्ण बिहारी मिश्र का 90 साल की उम्र में निधन, कोलकाता में ली अंतिम सांस". आज तक (हिंदी में). 7 मार्च 2023. Retrieved 8 मार्च 2023.
  3. "Dr. Krishna Bihari Mishra:Author". www.jnanpith.net (अंग्रेजी में). भारतीय ज्ञानपीठ. Archived from the original on 2017-03-11. Retrieved 28 फरवरी 2018.
  4. "कृष्ण बिहारी मिश्र:परिचय" (PDF) (हिंदी में). इंदिरा गांधी राष्ट्रीय कला केंद्र. Retrieved 28 फरवरी 2018.
  5. "डॉ कृष्ण बिहारी मिश्र समेत बंगाल के पांच विभूतियों को पद्मश्री सम्मान". प्रभात खबर. 26 जनवरी 2018. Retrieved 28 फरवरी 2018.