फाइनेंशियल टेक्निकल एनालिसिस में, कैंडलस्टिक पैटर्न कैंडलस्टिक चार्ट पर ग्राफिक रूप से देखावल जाए वाला कीमत सभ के उतार-चढ़ाव के कुछ निश्चित पैटर्न (रूप) हवें जिनहना के बारे में कुछ लोग के मानल बा कि बजार के कौनों खास मूवमेंट के दोहराव वाला पैटर्न सभ के पहिचान करे में मददगार ई मददगार साबित हो सके लें। पैटर्न के पहिचान व्यक्तिपरक होला आ चार्टिंग खातिर इस्तेमाल होखे वाला प्रोग्राम सभ के पैटर्न से मेल खाए खातिर पहिले से परिभाषित नियम सभ पर भरोसा करे के पड़े ला।[1] 42 गो मान्यता प्राप्त पैटर्न बाड़ें जिनहन के आसान आ जटिल पैटर्न में बाँटल जा सके ला।[2][3] लेखक थॉमस बुलकोवस्की 103 गो कैंडलस्टिक पैटर्न गहिराह नजर डाल के इनहन के परिचय देले बाड़न, पहचान के दिशानिर्देश आ ओह लोग के व्यवहार के सांख्यिकीय विश्लेषण से लेके विस्तृत व्यापारिक रणनीति तक ले के बिबरन देले बाड़ें। ऊ महत्वपूर्ण खोज आ सांख्यिकीय सारांश के साथे-साथ संबंधित शब्दन के शब्दावली आ कैंडल के पहिचान आसान बनावे खातिर विजुअल इंडेक्सो बनवले बाड़ें।[4]

कइसे बने लीं ? संपादन करीं

 
कैंडलस्टिक पैटर्न के बिबिध पहलू।

कैंडलस्टिक कवनो समय के अवधि खातिर दाम के गति के चित्रात्मक रूप से देखावे वाला चार्ट हवे। आमतौर पर ई कौनों बित्तीय साधन के ओपनिंग (खुले), हाई (सभसे ऊँच), लो (सबसे कम) आ क्लोज (बंद होखे के) दाम से बने लें। अगर खुले के दाम बंद होखे के दाम से ऊपर होखे तब भरल (सामान्य रूप से लाल भा करिया) मोमबत्ती खींचल जाला। अगर बंद होखे के दाम खुले के दाम से ऊपर होखे तब सामान्य रूप से हरियर भा खोखला मोमबत्ती (सफेद रंग के करिया रूपरेखा वाला) देखावल जाला। मोमबत्ती के भरल भा खोखला हिस्सा के बॉडी (शरीर) भा रियल बॉडी के नाँव से जानल जाला आ एकरे ऊपर भा नीचे के रेखा सभ के अनुपात के आधार पर लंबा, सामान्य भा छोट हो सके ला। ऊपर आ नीचे के रेखा सभ, जिनहन के शैडो (छाया), टेल (पूँछ) भा विक (बाती) के नाँव से जानल जाला, कौनों निर्धारित समय अवधि के भीतर सबसे ऊँच आ सभसे निचला दाम के रेंज के देखावे लीं।

हालांकि सभ कैंडलस्टिक में शैडो होखल जरूरी ना होखेला। उदाहरण खातिर मारूबोज़ू नाँव से जानल जाये वाली कैंडलस्टिक पैटर्न में ऊपर भा नीचे कवनो ओर शैडो ना होला।


इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Lebeau, Charles (1991). Technical Traders Guide to Computer Analysis of the Futures Markets.
  2. "Candlestick Patterns: A Complete Tutorial". The Lazy Trader (अंग्रेजी में). Retrieved 2024-02-17.
  3. "16 candlestick patterns every trader should know". Retrieved 4 July 2020.
  4. "Bulkowski's Stock Market Studies". thepatternsite.com. Retrieved 2023-03-22.