हेकिन-आशी चार्ट (अंग्रेजी: Heikin-Ashi chart) एगो जापानी ट्रेडिंग इंडिकेटर आ फाइनेंशियल चार्ट हवे जेकर मतलब होला "औसत बार"।[1] हेकिन-आशी चार्ट कैंडलस्टिक चार्ट से मिलत जुलत होला, बाकी एकर रूप बेसी स्मूथ होला काहें से कि ई दाम के गति के एगो रेंज के ट्रैक करे ला, ना कि कैंडलस्टिक नियर हर दाम के हलचल के ट्रैक करे ला। हेकिन-आशी के निर्माण 1700 के दशक में मुनेहिसा होम्मा द्वारा कइल गइल, जे कैंडलस्टिक चार्टवो बनवलें।[2][3] एह चार्ट सभ के इस्तेमाल ट्रेडर आ निवेशक लोग द्वारा कीमत के मूवमेंट आ उतार-चढ़ाव के निर्धारण आ अनुमान लगावे में मदद करे खातिर कइल जाला।[4]

परंपरागत कैंडलस्टिक चार्ट आ हेकिन-आशी के तुलना।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Kuepper, Justin. "Heikin-Ashi: A Better Candlestick". Investopedia.
  2. "Heikin-Ashi Technique Definition and Example".
  3. "Heikin-Ashi Technique". Corporate Finance Institute (अमेरिकी अंग्रेजी में). Retrieved 2022-11-11.
  4. "Heikin Ashi Chart Basics".