कॉमन सेंस (पम्फलेट)
कॉमन सेंस (अंगरेजी: Common Sense)[1] थॉमस पेन के 1775-76 में लिखल एगो पम्फलेट रहे। ई पम्फलेट तेरह उपनिवेश सभ में रहे वाला लोग के ब्रिटेन के शासन से आजादी खातिर लड़े के आ अपने स्वतंत्रता के घोषणा करे खातिर प्रेरणा दिहलस। तुरंत जरूरी आजादी खाती तर्क आ आजादी के लाभ के बहुत आसान भासा में बतावे वाली ई पम्फलेट पहिली बे अनाम रूप से 10 जनवरी 1776 के छपल। छपते-छपत ई एगो परसिद्ध चीज बन गइल आ बहुत बिकाइल आ आम एकट्ठा होखे के जगहन पर लोग एकरा के पढ़ के सुनल-सुनावल।
![]() पम्फलेट के ओरिजनल कभर | |
लेखक | थॉमस पेन |
---|---|
देस | यूनाइटेड स्टेट्स |
भाषा | अंगरेजी |
छपल | 10 जनवरी 1776 |
पन्ना | 48 |
वाशिंगटन अपने सेना के सगरी लोग के ई पम्फलेट पढ़ववलें, जेवन सेना ओह समय बोस्टन में ब्रिटिश सेना के घेरे में लागल रहे। अगर ओह समय के उपनिवेशवन के जनसंख्या (25 लाख) के हिसाब से देखल जाय त ई पम्फलेट अमेरिका के इतिहास में सभसे ढेर बिकाए आ सर्कुलेट होखे वालो किताब कहल जाई।[2] साल 2006 ले भी ई पम्फ्लेट अमेरिका में आल टाइम बेस्ट सेलर में गिनल जात रहल।[3]
संदर्भसंपादन
- ↑ Full title – Common Sense; Addressed to the Inhabitants of America, on the Following Interesting Subjects.
- ↑ Conway (1893).
- ↑ Harvey J. Kaye, Thomas Paine And The Promise of America (New York: Hill and Wang 2005). ISBN 0-8090-9344-8, 43.
स्रोतसंपादन
विकिसोर्स पर एह लेख से जुड़ल मूल चीज मौजूद बा: |
- Ferguson, Robert A. "The Commonalities of Common Sense." William & Mary Quarterly (2000) 57#3 pp 465–504 in JSTOR
- Foner, Eric. Tom Paine and Revolutionary America (2004)
- Jordan, Winthrop D. "Familial Politics: Thomas Paine and the Killing of the King, 1776." Journal of American History (1973): 294-308. in JSTOR
- Nelson, Craig. Thomas Paine: Enlightenment, Revolution, and the Birth of Modern Nations. New York: Penguin Books, 2007.
- Conway, Moncure Daniel (1893), The Life of Thomas Paine, Ch. VI.
- Wood, Gordon S. (2002), The American Revolution: A History, New York: Modern Library, ISBN 0-679-64057-6
- Aldridge, A. Owen (1984), Thomas Paine's American ideology, University of Delaware Press, ISBN 0-874-13260-6
प्राथमिक स्रोतसंपादन
- Paine, Thomas (1986) [1776], Kramnick, Isaac (संपा.), Common Sense, New York: Penguin Classics, ISBN 0-14-039016-2
- Foot, Michael and Kramnick, Isaac, eds. (1987). The Thomas Paine Reader. Penguin Classics. ISBN 0-14-044496-3
बाहरी कड़ीसंपादन
विकिकहनाम पर कोटेशन देखल जाय: Common Sense (pamphlet) पर। |
- "Common Sense: The Rhetoric of Popular Democracy" lesson plan for grades 9-12 from National Endowment for the Humanities
- On Line Full Text Google Books Scan & downloadable PDF
- At ushistory.org
- Project Gutenberg: #147 and #3755
ई इतिहास-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |