क्यूआर कोड पेमेंट एगो कांटेक्ट-रहित पेमेंट के तरीका हवे जेह में कौनों मोबाइल एप द्वारा क्यूआर कोड के स्कैन क के पेमेंट कइल जाला। ई इलेक्ट्रानिक फंड ट्रांसफर के आसन बिकल्प हवे आ एह में कम इंफ्रास्ट्रक्चर में काम चल जाला।

क्यूआर कोड पेमेंट करे में गाहक अपना मोबाइल से बिक्री करे वाला दुकानदार के डिस्प्ले कइल क्यूआर कोड के स्कैन करे ला आ पेमेंट के रकम दर्ज क के सबमिट कर देला। ई एगो कार्ड-नॉट-प्रेजेंट तरीका आ अउरी इलेक्ट्रानिक तरीका सभ ले आसान आ तेज बिकल्प बाटे।

इहो देखल जाय संपादन करीं