क्रिस हेम्सवर्थ

ऑस्ट्रेलियन अभिनेता

क्रिस्टोफर हेम्सवर्थ (𑂍𑂹𑂩𑂱𑂮𑂹𑂗𑂷𑂤𑂩 𑂯𑂵𑂧𑂹𑂮𑂫𑂩𑂹𑂟 ) एगो ऑस्ट्रेलियन अभिनेता बाड़े। हॉलीवुड में फिल्म कॅरियर शुरू करे से पहिले ऊ ऑस्ट्रेलिया के टेलीविजन सीरीज होम एंड अवे (2004–2007) में किम हाइड के भूमिका निभा के प्रमुखता हासिल कइले। मार्वल सिनेमैटिक यूनिवर्स (MCU) में हेम्सवर्थ थोर के भूमिका निभात 2011 में एही नाँव के फिल्म के सङे सुरुआत कइलें आ अबारे थोर: लव एंड थंडर (2022) में ई भूमिका दोबारा निभवले, जेह से इनके दुनिया के सभसे ढेर वेतन पवनिहार अभिनेतन में गिनल जाला।

क्रिस हेम्सवर्थ
𑂍𑂹𑂩𑂱𑂮 𑂯𑂵𑂧𑂹𑂮𑂫𑂩𑂹𑂟
जनमक्रिस्टोफर हेम्सवर्थ
(1983-08-11) 11 अगस्त 1983 (उमिर 40)
मेलबॉर्न, विक्टोरिया, ऑस्ट्रेलिया
शिक्षाहीथमोंट कॉलेज
पेशा
  • अभिनेता
  • फिल्म निर्माता
सक्रियता साल2002–वर्तमान
जीवनसाथीएल्सा पॅताकी
संतान3
रिश्तेदार
दसखत

प्रारम्भिक जिनगी (𑂣𑂹𑂩𑂰𑂩𑂧𑂹𑂦𑂱𑂍 𑂔𑂱𑂢𑂏𑂲) संपादन करीं

क्रिस्टोफर हेम्सवर्थ के जनम 11 अगस्त 1983 के साल में मेलबर्न में भइल रहे, 'लियोनी (जन् वॅन ओस) (महतारी), एगो अंग्रेजी शिक्षक रहली आ क्रेग हेम्सवर्थ (बाबू जी), जे सामाजिक-सेवा के परामर्शदाता रहले। ऊ तीनगो सपुतन में से दुसिरा सपुत बाड़े, लूक (जनम 1980) आ एकरे पहिले लियाम (जनम 1990); दुनु जने अभिनेते बाड़े। इनकर नाना डच प्रवासी बाड़े आ नानी आयरिश वंश के बाड़ी। इनके पैतृक वंशज अंग्रेजी, स्कॉटिश आ जर्मन मूल के बाड़े। इनके परवरिश मेलबर्न आ नॉर्दर्न टेरिटरी के बुलमैन के आउटबेक दुनों में भइल। उ कहेले के,

"हमार सबसे पहिले के याद आउटबेक के ऊपर पुश स्थान पर के बा, अउरी ओकरा बाद हमनी के वापस मेलबर्न चल गईनी आ फेनु वापस उहवा आ फेनु वापस चल गइनी। निश्चित रूप से हमार लड़ीकाई के ढेरऽका समय मेलबर्न बितल बाकीर हमार सबसे जीवंत याद बुलमैन में मगरमच्छ आ भैंस के जवड़े-साथे के बा। जीवन के बहुत अलग वर्ग।"

ऊ हाई स्कूल पढ़ाई हीथमोंट कॉलेज में कइलें आ एकरे बाद इनके परिवार फेनु से उत्तरी इलाका में वापस आ गइलें, आ फेनु तनिके ब्रीफ के बाद फिलिप द्वीप आ गइले।

कालकिर्ति ( 𑂍𑂰𑂪𑂍𑂱𑂩𑂹𑂞𑂱 ) संपादन करीं

प्रारम्भिक काज (𑂣𑂹𑂩𑂰𑂩𑂧𑂹𑂦𑂱𑂍 𑂍𑂰𑂔) (2002-2010) संपादन करीं

हेम्सवर्थ आपन कालकिर्ति के सुरुआत बहुतसारा टेलीविजन सीरीज में काम कऽ के कइलें। साल 2002 में हेम्सवर्थ कालपनिक टेलीविजन सीरीज गिनीवेर जोन्स के दूगो एपिसोड में "किंग आर्थर" के भूमिका में काम कइलें आ साङे - सङे सोप ओपेरा सीरीज (लामा ऐपिसोड वाला धारावाहिक) नेबर्समार्शल लॉ के एगो एपिसोडो में लौकऽल रहले। अगिले साल ऊ द सैडल क्लब के एगो एपिसोड में लौकऽले। साल 2004 में हेम्सवर्थ ऑस्ट्रेलियन सोप ओपेरा होम एंड अवे में रॉबी हंटर के भूमिका खातिर ऑडिशन दिहलें। उनुकारा के ई भूमिका ना मिलल बाकिर ओकरा बाद किम हाइड के भूमिका खातिर ईनके बोलावल गइल। ऊ कलाकारन में शामिल होखे खातिर सिडनी चल गइलें आ एह सीरीज के 171 एपिसोड में लौकऽले। ऊ 3 जुलाई 2007 के होम एंड अवे के कलाकारन के छोड़ देले। बाद में हेम्सवर्थ टिप्पणी कइलें के, "भले होम एंड अवे के बाद ऊ ढेर लउके लगलें, सोप ओपेरा पर इनके काम से फिल्म इंडस्ट्री के भीतर इनके सम्मान ना मिलल।

हेम्सवर्थ डांसिंग विद द स्टार ऑस्ट्रेलिया के पाचवा सीजन में एगो प्रतियोगी रहलें, प्रोफेशनल डांसर एबी रॉस के जवड़े आपन प्रस्तुति धैले। एह सीजन के प्रीमियर 26 सितंबर 2006 के भइल आ छह हप्ता के बाद 7 नवंबर के हेम्सवर्थ के बाहर हो गइले। हेम्सवर्थ के एह फ्रेंचाइजी में आवे से लगभग उनके थोर के भूमिका के नुकसान होखी काहें से कि मार्वल फिलिम फ्रेंचाइजी के निर्माता लोग के आशंका रहे के प्रशंसक लोग के टाल दिहल जाई।

साल 2009 में हेम्सवर्थ जे. जे. अब्राम के फिल्म स्टार ट्रेक के शुरुआती भाग में जेम्स टी किर्क के पिता जॉर्ज किर्क के भूमिका निभवलें। सुरुआत में ई भूमिका मेट् डेमन के दिहल गइल आ ऊ एकरा के ठुकरा देलें; अब्राम हेम्सवर्थ के एह भूमिका के निभावे के सराहना कइलें। सिनेमा ब्लेंड के जोश टायलर हेम्सवर्थ से प्रभावित भइलें आ एह अभिनेता के सीन के "एह साल सिनेमाघर में बितावल सभसे नीक पाँच मिनट" बतवलें। ई फिल्म बॉक्स ऑफिस पर सफलता हासिल कैलक आ 385.7 मिलियन अमेरिकी डॉलर के कमाई कैलक। एही साल हेम्सवर्थ थ्रिलर फिल्म ए परफेक्ट गेटवे में केल गैरिटी के किरदार निभवलें। ई मामूली सफलता रहल, 14 मिलियन अमेरिकी डॉलर के बजट के मुकाबले 22 मिलियन अमेरिकी डॉलर के कमाई कइलस आ मिश्रित समीक्षा मिलल बाकीर हेम्सवर्थ के "उचित तरीका से डेरावे वाला" "थगिस् बेकपेकर" के परफॉर्मेंस् खातिर तारीफ भइल। स्क्रीन रैंट के पॉल यंगो हेम्सवर्थ के परफॉर्मेंस के तारीफ कइलें कि ई "जोरदा" बा।

हेम्सवर्थ 2010 के फिल्म "कॅय्श (Ca$h)" में अंग्रेजी अभिनेता शॉन बीन के सङे "सेम्" के भूमिका निभवलें, ई पहिलका फिल्म रहल जेकर शूटिंग ऊ अमेरिका चहुपला पर कइलें। फिल्म के निर्देशक स्टीफन मिलबर्न एंडरसन कहले के, हेम्सवर्थ के अमेरिका में अभी छह सप्ताह भइल रहे जब उ ए भूमिका खाती ऑडिशन देले" आ याद करत कहले के, "इहवा एगो ऐसन लईका बा जवन जवान बा, ओकर देखाव निमन बा, बहुत निमन अभिनेता बा आ, मान लीं, ऊ सुन्दर बा। एहसे हम कहत बानी, हमनी के एह आदमी के भीतर लेआवे के जरूरत बा। हम बहुत प्रभावित भइनी"। नवंबर 2010 में, द हॉलीवुड रिपोर्टर हेम्सवर्थ के ओह युवा पुरुष कलाकारन में से एगो के नाँव दिहलस जे हॉलीवुड के "ए-लिस्ट" में "धकेलऽता"।

थोर आ वैश्विक चिन्हाव (2011–2015)
𑂟𑂷𑂩 𑂄 𑂫𑂶𑂬𑂹𑂫𑂱𑂍 𑂒𑂱𑂢𑂹𑂯𑂰𑂫 (२०११–२०१५)
संपादन करीं

साल 2011 में सोनी पिक्चर्स घोषणा कइलक के हेम्सवर्थ थ्रिलर फिल्म शेडो रनर में अभिनय करीहें, बाकीर ई फिल्म अबहिनले निर्माण में नइखे आइल। एही साल हेम्सवर्थ के मार्वल सिनेमैटिक यूनिवर्स में सुपरहीरो थोर के भूमिका में चुनल गइल। एह फ्रेंचाइजी में उनकर पहिलऽका फिल्म 2011 के थोर रहल। ऊ आ कलाकारन के साथी टॉम हिडलस्टन, जे अंत में लोकी के भूमिका निभवलें, हर एक एह भूमिका खातिर ऑडिशन दिहलें, जेकरा खातिर हेम्सवर्थ के कहनाम रहे कि उनकर मांसपेशी 20 पाउंड बढ़ गइल। दुनिया भर में 449.3 मिलियन अमेरिकी डॉलर के कमाई के साथ थोर 2011 के 15वा सभसे ढेर कमाई करे वाली फिलिम रहल। एह फिल्म के सकारात्मक समीक्षा मिलल आ हेम्सवर्थ के गॉड ऑफ थंडर के चित्रण के तारीफ लॉस एंजिल्स टाइम्स के केनेथ तुरन कइलें। अगिला साल हेम्सवर्थ फिल्म द एवेंजर्स (2012) के छवगो सुपरहीरो के जोड़े काम कइले जवना में ऊ थोर के भूमिका दोबारा निभवलें। बाकी रहल भुमिका में रॉबर्ट डाउनी जूनियर टोनी स्टार्क / आयरन मैन के रूप में , क्रिस इवांस स्टीव रोजर्स / कैप्टन अमेरिका के रूप में, मार्क रफेलो ब्रूस बैनर / हल्क के रूप में, स्कारलेट जोहानसन नताशा रोमानोवा / ब्लैक विडोव के रूप में , आ जेरेमी रेनर क्लिंट बार्टन / हॉकआई के रूप में- जेकरा के अपना गोद लिहल भाई लोकी द्वारा पृथ्वी के रक्षा करे खातिर भेजल गइल रहे। ई फिल्म समीक्षक आ बिजनेस में सफल रहल आ दुनिया भर में 1.5 बिलियन अमेरिकी डॉलर से ढेर के कमाई कइलस। एन्सेम्बल कलाकारन के ऑनस्क्रीन केमिस्ट्री खातिर रोलिंग स्टोन के पीटर ट्रेवर्स द्वारा तारीफ कइल गइल।

हेम्सवर्थ स्टार ट्रेक के रिलीज के तनीके बेरा बाद डरावन फिल्म द केबिन इन द वुड्स के शूटिंग कइलें, बाकीर ई 2012 ले रिलीज ना भइल। एह के सकारात्मक समीक्षा मिलल आ अल्फा पुरुष जॉक कर्ट वॉन के इनके किरदार के मैशेबल के एलिसन फोरमैन द्वारा ई बतावल गइल अबतक के उनकर "सबसे कामुक" भूमिका। बाद में हेम्सवर्थ क्रिस्टन स्टीवर्ट के साथ फिल्म स्नो व्हाइट एंड द हंट्समैन (2012) में हंट्समैन के भूमिका में काम कइलें। यद्यपि, ई ब्यापारिक सफलता रहल, दुनिया भर में 396 मिलियन अमेरिकी डॉलर के कमाई कइलस, एकर मिश्रित समीक्षा मिलल। आलोचक लोग हेम्सवर्थ आ स्टीवर्ट के ऑनस्क्रीन केमिस्ट्री के आलोचना कइल आ वाइर्ड के एंजेला वाटरकटर के लागल कि ई किरदार "पूरी तरह से मांसल नइखे"। एमजीएम के एगो सीन के दैनिक फुटेज देखला के बाद हेम्सवर्थ के 2012 के रेड डॉन रीमेक में जेड एकर्ट के भूमिका में चुनल गइल द केबिन इन द वुड्स से; रेड डॉन में कास्ट भइला के दू दिन बाद इनके थोर के रूप में कास्ट कइल गइल।[39] ई फिलिम बॉक्स ऑफिस पर बम रहल, 65 मिलियन अमेरिकी डॉलर के प्रोडक्शन बजट के मुकाबले महज 50 मिलियन अमेरिकी डॉलर के कमाई भइल,आ नकारात्मक समीक्षा मिलल।

संदर्भ (𑂮𑂢𑂹𑂠𑂩𑂹𑂦 ) संपादन करीं