क्रेटर लेक
क्रेटर झील या क्रेटर लेक (अंग्रेजी: Crater Lake, लोकल नाँव: giiwas[1]) अमेरिका के पच्छिमी हिस्सा में, कैस्केड परबत श्रेणी में मौजूद एगो काल्डेरा झील बाटे। ई यूनाइटेड स्टेट्स के ओरेगन राज्य में बा। ई झील क्रेटर नेशनल पार्क के मुख्य आकर्षण बाटे आ अपने साफ़ नीला रंग के पानी के खातिर जानल जाले।
क्रेटर झील Crater Lake | |
---|---|
लोकेशन | क्लामथ काउंटी, ओरेगन |
झील प्रकार | काल्डेरा झील |
आगम | वर्षण आ बर्फ के पघिलाव |
निकास | बास्पीकरण आ रिसाव |
थाला | 23.3 वर्ग मील (60 किमी2) |
थाला के देस | यूनाइटेड स्टेट्स |
अधिकतम लंबाई | 6 मील (9.7 किमी) |
अधिकतम चौड़ाई | 5 मील (8.0 किमी) |
सतह क्षेत्र | 20.6 वर्ग मील (53 किमी2) |
औसत गहिराई | 1,148 फीट (350 मी) |
अधिकतम गहिराई | 1,949 फीट (594 मी) |
आयतन | 4.49 घन मील (18.7 किमी3) |
जलनिवास समय | 157 साल |
किनारा के लंबाई1 | 21.8 मील (35.1 किमी) |
सतह ऊँचाई | 6,178 फीट (1,883 मी) |
दीप | विजार्ड दीप फैंटम शिप टापू |
1 किनारा के लंबाई कौनो सटीक माप ना हवे। |
ई झील माउंट मजामा नाँव के ज्वालामुखी परबत के क्रेटर के धंसकाव से बनल काल्डेरा, जवन करीब 2,148-फुट (655 मी)-गहिरा बाटे[2] आ करीबन 7,700 (± 150) पहिले बनल रहे[3], में पानी भर गइले से बनल बाटे। हालाँकि, एह झील में न कौनों नदी गिरे ले न एकरा से बाहर निकसे ले, तबो एकर पानी भाप बनके उड़े से आ बरखा आ बरफ से आगम होखे से, लगभग 250 बरिस में बदल जाला। झील के गहिराई 1,949 फीट (594 मी),[4] बाटे आ एह प्रकार से ई यूनाइटेड स्टेट्स के सभसे गहिरा झीलसब में से एक बा। दुनिया के सभसे गहिरा झीलसब में एकर दसवाँ अस्थान बाटे।
झील के अंदर सिंडर कोन के पानी के सतह से ऊपर ले आ गइले के वजह से बनल दू गो टापू भी बाड़ें।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "Klamath Tribes Language Project". The Klamath Tribes. 2012. Archived from the original on 2019-01-07. Retrieved मार्च 21, 2016.
- ↑ "Facts about Crater Lake". Oregon Explorer. Oregon State University. Archived from the original on 2012-03-22. Retrieved 2009-02-05.
- ↑ "Crater Lake". Global Volcanism Program. Smithsonian Institution. Retrieved 2008-12-18.
- ↑ Bacon, CR; Gardner, JV; Mayer, LA; Buktnenica, MW; et al. (जून 2002). "Morphology, volcanism, and mass wasting in Crater Lake, Oregon" (PDF). GSA Bulletin. 114 (6): 675–692.
बाहरी कड़ी
संपादन करींविकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Crater Lake पर मौजूद बा। |