क्लाइटोरिस

एगो मादा अंग जे योनी के बहरे होला आ सेक्स में आनंद के जगह होला

क्लाइटोरिस (अंग्रेजी: Clitoris; हिंदी: भगनासा चाहे भगशेफ) एगो मादा अंग हवे जे लगभग सारा मैमल (अपना बच्चा के ढूध पियावे वाला जानवर) सभ में आ कुछ अउरी जानवर सभ में पावल जाला। मनुष्यन में ई अंग औरत के गुप्तअंग सभ के हिस्सा होला आ पेशाब के मार्ग के ठीक ऊपर, जहाँ लैबिया माइनर (जञनी के अंदरूनी ओठ नियर अंग) जुड़े लें, ओहिजे एगो छोट उभार नियर होखे ला।

Clitoris
Clitoris Anatomy.svg
The internal anatomy of the human vulva, with the clitoral hood and labia minora indicated as lines. The clitoris extends from the visible portion to a point below the pubic bone.
Clitoris glans - detailed.jpg
Location of (1) clitoral hood and (2) clitoral glans
डिटेल जानकारी
PrecursorGenital tubercle
Dorsal artery of clitoris, deep artery of clitoris
Superficial dorsal veins of clitoris, deep dorsal vein of clitoris
Dorsal nerve of clitoris
पहिचानक
Identifiers
ग्रे'सp.1266
टीएA09.2.02.001
एफएमए9909

ई औरत सभ में, नर मनुष्य के शिशन के समकक्ष अंग हवे, हालाँकि ई बहुत बिकसित ना होखे ला आ एह में कौनों डिस्टल ओपनिग मने के बाहर खुले वाला छेद ना होला। एह अंग के, प्रजनन में कौनों रोल ना होला न एह अंग के जरिये पेशाब निकसे ला; हालाँकि मनुष्य के अलावा कुछ अइसन जानवर जरूर बाने जे एह अंग के इस्तेमाल पेशाब करे आ जननांग के रूप में इस्तमाल करे लें। उदाहरण खाती, चित्तीदार हाइना (लकडबग्घा के एगो प्रजाति) जेकर क्लाइटोरिस भरपूर बिकसित अंग होला, एही के जरिये पेशाब कइल, संभोग कइल आ बच्चा जनले के काम करे ला

संदर्भसंपादन