खमसिन

सूखल, गरम धूर भरल हवा जे उत्तर अफिरका आ अरब प्रायदीप के इलाका में बहे ले

खमसिन, ख़मसिन (अंग्रेजी: Khamsin[1]) चाहे ख़मसीन[2] (خماسين‎), मिस्रलेवांत इलाका में बहे वाली गरम, सूखल, रेत-बालू से भरल तुफानी लोकल हवा हवे। अइसने अउरियो हवा सभ उत्तरी अफिरका के इलाका में आ भूमध्य सागर के इलाका में बहे लीं, जइसे की ईरान आ अफगानिस्तान में अइसन हवा के बाद-इ-सद-ओ-बिस्त-रोज़ कहल जाला, सूडान में हबूब, मोरोक्को में आजेज, ट्यूनिश भाषा में गिबिली, पच्छिमी मगरेब में हरमट्टान, इटली में अफ्रिकोसिरोको, आ मध्य पूर्ब में सिमूम कहल जाला।

हाइरोग्लिफ में खमसिन
rY1P5
X1 Z4
Z2

Resetyu
Rstyw
दखिनाही हवा
लीबिया के ऊपर धूर भरल आन्ही के सैटेलाइट से लिहल इमेज (NASA/EOS)

मिस्र में स्वेज घाटी में बहे वाली एह लोकल हवा के लोकल भाषा में मतलब होला 50 दिन।[1]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 Kropp, Wilhelm (1872). Physical Geography of the Red Sea: With Sailing Directions (अंग्रेजी में). U.S. Government Printing Office. p. 10. Retrieved 21 अप्रैल 2022.
  2. Achha, Shanti Lal (1977). Concept Dictionary of Geography, English-Hindi (हिंदी में). Concept Publishing Company.