लोकल हवा सभ के लिस्ट

लिस्ट लेख

लोकल हवा (अंगरेजी: local winds[1]) सभ अइसन हवा होखे लीं जे पृथिवी के कौनों खास छोटहन हिस्सा भर में बहे लीं आ ओह जगह के लोकल भूगोल (लोकल जमीनी ऊँचाई निचाई भा लोकल मौसमी घटना) इनहन के बहे के कारन होखे ला।[2] इनहन के बहे के समयवो कम आ सीमित होखे ला। लोकल भूगोल से परभावित हो के बहे वाली एह हवा सभ के लोकल हवा भा हिंदी में स्थानीय पवन कहल जाला।[3]

नीचे पूरा बिस्व में लोकल लेवल पर बहे वाली कुछ हवा सभ के लिस्ट दिहल गइल बाटे:

अफिरकासंपादन

नाँव अंगरेजी नाँव प्रकार गरम/ठंढा जगह चाहे छेत्र बिबरन संदर्भ
बर्ग Berg कैटाबेटिक गरम दक्खिन अफिरका दक्खिन अफिरका के समुंद्र तटीय इलाका में मौजूद पठार के "ग्रेट एस्कर्पमेंट" से उतरे वाली कैटाबेटिक हवा। फॉन के एगो किसिम। [4]
गिबिली Ghibili/gibili कैटाबेटिक गरम लीबिया, ट्यूनीशिया लीबिया के अंदरूनी पठार (हाइलैंड्स) उतरे वाली कैटाबेटिक हवा जे भूमध्य सागर के ओर बहे ले। [5]
हबूब Haboob तूफानी गरम सूडान मुख्य रूप से अफिरका महादीप में बाकी अउरियो महादीपन में अइसन सूखा वाला रेगिस्तानी इलाका सभ में बहे लीं। [6][7]
हारमट्टन Harmattan गरम पच्छिमी अफिरका आ मगरेब हबूबखमसिन के नियर; "डॉक्टर विंड"
खमसिन Khamsin तूफानी गरम मिस्र गरम तूफानी हवा; अइसने हवा सभ सूडान में हबूब, दक्खिनी मोरक्को में आजेज, लीबिया आ ट्यूनीशिया में गिबिली, पच्छिमी अफिरका में हारमट्टन, दक्खिनी यूरोप में सिरोको आ अरब में सिमूम कहालीं।

ओशेनियासंपादन

नाँव अंगरेजी नाँव प्रकार गरम/ठंढा जगह चाहे छेत्र बिबरन संदर्भ
ब्रिकफील्डर Brickfielder गरम, सूखल, धूर-भरल गरम आस्ट्रेलिया (दक्खिनी) एह हवा के उत्पत्ती आस्ट्रेलिया के इंटीरियर (अंदरूनी) इलाका सभ में बसंत के बाद आ गरमी के सीजन में होला आ ई उत्तर से दक्खिन के बहे ले। एकरा चलते समुंद्रतटीय इलाका सभ में गर्मी बढ़ जाला। [8][9]
फ्रीमैंटल डॉक्टर Fremantle Doctor समुद्री हवा ठंढा पर्थ, आस्ट्रेलिया दुपहर के बाद चले वाली समुद्री हवा (सी ब्रीज) जे गर्मी के सीजन में पर्थ आ आसपास के इलाका में ठंढक चहुँपावे ले। संदर्भ
काईमाई ब्रीज Kaimai Breeze झकोरेदार डाउनड्रिफ्ट न्यूजीलैंड नॉर्थ दीप, न्यूजीलैंड के काईमाई परबत पर चले वाली खतरनाक हवा जे नीचे के ओर बहे ले। [10][11]

उत्तर अमेरिकासंपादन

एशियासंपादन

दक्खिन अमेरिकासंपादन

यूरोपसंपादन

इहो देखल जायसंपादन

संदर्भसंपादन

  1. "local winds". glossary.ametsoc.org. अमेरिकी मौसमबिज्ञान सोसाइटी. Retrieved 21 अप्रैल 2022.
  2. "Local Winds: What Are They?". Tomorrow.io Weather Blog (in English). 9 दिसंबर 2021. Retrieved 21 अप्रैल 2022.
  3. "Berg wind". ametsoc.org. Retrieved 26 अप्रैल 2022.
  4. "ghibli | wind | Britannica". www.britannica.com (in English). Retrieved 26 अप्रैल 2022.
  5. "haboob | wind storm | Britannica". www.britannica.com (in English). Retrieved 26 अप्रैल 2022.
  6. "Haboob, Sandstorm or Dust Storm?". RMetS (in English). Retrieved 26 अप्रैल 2022.
  7. Allaby, Michael (14 मई 2014). The Facts on File Weather and Climate Handbook (in English). Infobase Publishing. pp. 27–28. ISBN 978-1-4381-0960-2. Retrieved 22 अप्रैल 2022.
  8. "Wind of the World: Brickfielder | weatheronline.co.uk". www.weatheronline.co.uk. Retrieved 22 अप्रैल 2022.
  9. Morris, B. ""Kaimai breeze" brings down plane". natlib.govt.nz (in English). Retrieved 28 अप्रैल 2022.
  10. Hutchins, Graham; Young, Russell (1 अक्टूबर 2015). New Zealand's Worst Disasters: True stories that rocked a nation (in English). Exisle Publishing. ISBN 978-1-77559-249-5.