मकर संक्रांति
खिचड़ी या मकर संक्रांति हिंदू लोगन क प्रमुख पर्व ह। मकर संक्रान्ति पूरा भारत आ नेपाल में कौनों न कौनों रूप में मनावल जाला। माघ मास में जब सूरज मकर राशि में आवेला तबे इ पर्व मनावल जाला। इ त्योहार जनवरी महिना की चौदहवां या पन्द्रहवां दिनें पड़ेला काहें कि एही दिन के सूर्य धनु राशि के छोड़के मकर राशि में प्रवेश करेला।[1][2] मकर संक्रान्ति की दिन से ही सूर्य क उत्तरायण गति भी शुरू हो जाला। एहीसे ए पर्व के कहीं-कहीं उत्तरायणी भी कहल जाला। तमिलनाडु में एके पोंगल नामक उत्सव की रूप में मनावल जाला जबकि कर्नाटक, केरल तथा आंध्र प्रदेश में एके खाली संक्रांति कहल जाला।[3]
मकर संक्रान्ति क अलग-अलग रूपसंपादन
इ भारतवर्ष तथा नेपाल की सब प्रान्तन में अलग-अलग नांव व भाँति-भाँति की रीति-रिवाज द्वारा भक्ति एवं उत्साह की साथ धूमधाम से मनावल जाला।
भारत में एकर अलग अलग नांवसंपादन
- मकर संक्रान्ति : छत्तीसगढ़, गोआ, ओड़ीसा, हरियाणा, बिहार, झारखण्ड, आंध्रप्रदेश, तेलंगाना, कर्नाटक, केरल, मध्यप्रदेश, महाराष्ट्र, मणिपुर, राजस्थान, सिक्किम, उत्तर प्रदेश, उत्तराखण्ड, बिहार, पश्चिम बंगाल, और जम्मू
- ताइ पोंगल, उझवर तिरुनल : तमिलनाडु
- उत्तरायण : गुजरात, उत्तराखण्ड
- माघी : हरियाणा, हिमाचल प्रदेश, पंजाब
- भोगाली बिहु : असम
- शिशुर सेंक्रात : कश्मीर घाटी
- खिचड़ी : उत्तर प्रदेश और पश्चिमी बिहार
- पौष संक्रान्ति : पश्चिम बंगाल
- मकर संक्रमण : कर्नाटक
भारत में मकर संक्रान्तिसंपादन
सम्पूर्ण भारत में मकर संक्रान्ति अलग-अलग रूप में मनावल जाला। विभिन्न प्रान्त में ए त्योहार के मनवले क जेतना अधिक रूप प्रचलित बा ओतना कौनों अन्य पर्व में नइखे।
इहो देखल जायसंपादन
- उत्तरी संक्रांति - खगोलीय घटना
- खिचड़ी - पकवान
- मौनी अमौसा - खिचड़ी के बाद परे वाला नहान के परब।
संदर्भसंपादन
- ↑ Kamal Kumar Tumuluru (2015). Hindu Prayers, Gods and Festivals. Partridge. प. 30. ISBN 978-1-4828-4707-9.
- ↑ J. Gordon Melton (2011). Religious Celebrations: An Encyclopedia of Holidays, Festivals, Solemn Observances, and Spiritual Commemorations. ABC-CLIO. पप. 547–548. ISBN 978-1-59884-205-0., Quote: "Makar Sankranti is a festival held across India, under a variety of names, to honor the god of the sun, Surya."
- ↑ http://www.drikpanchang.com/sankranti/makar-sankranti-date-time.html
ई हिंदू धर्म लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई मेला, तिहवार भा कौनों उत्सव संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |