गीजर चाहे गीज़र (अंग्रेजी: Geyser) पानी के अइसन सोता होला जेह में से गरम पानी आ भाप समय-समय पर बाहर निकले ला, अक्सर ई निकास बिस्फोट नियर होला आ बहुधा एह में समय के एगो निश्चित गैप पावल जाला। ई पृथ्वी के अंदरूनी हिस्सा के ख़ास बनावट के लोकल दसा पर निर्भर होखे लें आ ज्वालामुखी से इनहन के घनिष्ठ संबंध होला। अइसन इलाका में जहाँ धरती के भीतरी गरम हिस्सा ले पानी पहुँच जाला आ गरम हो के दबाव बनावे ला, दबाव के ख़ास लेवल तक पहुँचे के बाद पानी आ भाप फुहारा नियर या बिस्फोट के रूप में बहरें निकसे ला।

गीजर
Geyser
स्ट्रोकर (Strokkur) गीज़र, आइसलैंड
Formed byParticular hydrogeological conditions that exist in a few places on Earth

संदर्भ संपादन करीं