अबीर
अबीर भा गुलाल, एक तरह के सूखल रंगीन पावडर होला जे हिंदू लोग के पूजा पाठ में देवता लोग के चढ़ावे आ होली के तिहुआर में एक दूसरा पर रंग लगावे के कामे आवे ला। परंपरागत रूप से ई प्राकृतिक चीज सभ से बनावल जाय। वर्तमान में एह में कई चीज के मिलावट से एकरा के तइयार कइल जाला। बजार में हर्बल अबीर आ सुगंधित अबीर भी मिले ला।
Type | रंगीन पावडर |
---|
नाँव
संपादन करींकुछ बिद्वान लोग के अनुसार अबीर शब्द के अरथ अबरक (अभ्रक) हवे जेह में गुलाल मिला के होली खेलल जाला।[1][2]
साहित्य में
संपादन करींरामचरितमानस में अबीर शब्द एक बेर आइल बतावल जाला।[नोट 1] हिंदी के कबी पद्माकर के एगो बिबरन में गोपी के ऊपर एगो लइका अबीर फेंक देला जे आँखी में पर जाला, सखी मेहनत क के आँखि में परल अबीर निकाले ले आ पूछे पर गोपी कहे ले कि अबीर त निकल गइल बाकी ऊ अहीर के लइका आँखी में बस गइल बा जे निकलत ना बा।[नोट 2] भोजपुरी के फगुआ के गीतन में अबीर उड़े के उदाहरण मिले ला।[नोट 3]
नोट
संपादन करींसंदर्भ
संपादन करीं- ↑ 1.0 1.1 Ambāprasāda Sumana (1973). Rāmacaritamānasa: vāgvaibhava: 'Rāmacaritamānasa' kā śabdaśāstrīya evaṃ kāvyaśāstrīya adhyana. Vijñāna Bhāratī.
- ↑ Śakuntalā Pāñcāla (1990). Bihārī kī kāvyabhāshā. Sāhitya Ratnālaya.
- ↑ Hazari Prasad Dwivedi (September 2003). Vichar Prawah. Rajkamal Prakashan Pvt Ltd. pp. 167–. ISBN 978-81-267-0581-8.
- ↑ Sunil Kumar Pathak. Chhavi Aur Chhap. pp. 175–. ISBN 978-93-83110-49-0.
ई हिंदू धर्म-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |