गेहुँअन
गेहूंमन चाहे नाग जेकरा अंग्रेजी कोबरा कहल जाला एगो साँप हटे, जे भारत के चारगो सभ से बीसाल साँपन मे से एगो बाटे। ई भारत, पाकिस्तान, बांग्लादेश, नेपाल आ भूटान मे पाईल जाला। ई नागराज चाहे कींग कोबरा के अलग होला।
गेहूंमन | |
---|---|
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
Unrecognized taxon (fix): | [[</noinclude>Sauropsida]] |
ऑर्डर (Order): | Squamata |
Suborder: | Serpentes |
परिवार: | Elapidae |
जाति (Genus): | Naja |
प्रजाति: | N. Naja |
दूपद नाँव | |
Naja Naja (Linnaeus, 1758)[1][2] | |
Indian cobra distribution | |
अउरी दूसर नाँव[1][3] | |
|
नामकरन
संपादन करींई नाज जाति के साँप हऽ, नाग के लैटिन मे नाज कहल गइल एहिसे हेकर बेग्यानिक लोग हेकरा नाज कहेला।
भारत के दोसर दोसर भासा मे हेकर दोसर दोसर नांव बा, भोजपुरी मे हेकरा गेहूंमन कहल जाला, बाकिर जदि हेकर रंग करिया होखे तब ई नाग कहाला, गेहूंमन के रंग गेहूं लेखा होला एहिसे ऊ गेहूंमन कहाला। भोजपुरी इलाका मे नाग से बेसी गेहूंमन होखलऽसन। करिया आ गेहुमा छोड़ि के ई अउरी बहुते रंग के होखेलऽसन जेकरा ओही रंग के गेहूंमन चाहे नाग के आगा लगाई के चिन्हल जाला, जइसे उज्जर गेहूंमन, चाहे ऊज्जर नाग।
मराठी, हिंदीआ गुजराती मे हेकरा नाग कहल जाला, मलयालम मे मुरखन, तेलुगु मे नागु पामु, कन्नड़ मे नागरा हावू, तमिल मे नल्ला पंबू आ बंगाली मे गोखरा कहल जाला।
हुलिया
संपादन करींगेहूंमन अलग अलग जगहा प दोसर दोसर रंग आ आकार मे होला। देहि के नीचे के चोञटा चाहे पेट के रंग करिया, पीयर, भुअर, लालि हो सकेला। देहि के ऊपर के चाम चाहे चोञटा प अलग अलग रंग के आकिरती हो सकेला।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ 1.0 1.1 "Naja naja". Encyclopedia of Life. Retrieved 28 March 2014.
- ↑ "Naja naja". Integrated Taxonomic Information System. Retrieved 23 March 2014.
- ↑ Uetz, P. "Naja naja". The Reptile Database. Retrieved 28 March 2014.
ई सर्पजाति (रेप्टाइल) संबंधी बिसय पर लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |