गोरखपुर

भारत के उत्तर प्रदेश में एगो शहर

गोरखपुर (अंग्रेजी: Gorakhpur) गोरखपुर भारत के उत्तर प्रदेश राज्य में, पूर्वांचल क्षेत्र में राप्ती नदी के तीरे बसल एगो शहर बाटै। ई राज्य के राजधानी लखनऊ से 272 किलोमीटर पूरब में स्थित बा। ई गोरखपुर जिला, पूर्वोत्तर रेलवे मंडलगोरखपुर मंडल के प्रशासनिक मुख्यालय हवे। शहर में गोरखनाथ मठ, गोरखनाथ बाबा के मंदिर बा। 1963 से शहर में भारतीय एयरफोर्स स्टेशनो बाटै। हिंदू धार्मिक ग्रंथन के दुनिया के सबसे बड़ प्रकाशक गीता प्रेस भी गोरखपुर में बा जवना के स्थापना 1926 में इहाँ भइल रहे आ ई गीता, रामायण आ महाभारत जइसन नियर ग्रंथन के प्रकाशन करे ला आ पत्रिका कल्याण छापे ला।[नोट 1][2][3]

गोरखपुर
गोरखपुर
گورکھپور
Metropolitan City
गोरखनाथ मठ, तारामंडल, गीता प्रेस
<mapframe>: The JSON content is not valid GeoJSON+simplestyle. The list below shows all attempts to interpret it according to the JSON Schema. Not all are errors.
  • /0/service: The property service is required
  • /0/geometries: The property geometries is required
  • /0/type: Does not have a value in the enumeration ["GeometryCollection"]
  • /0/type: Does not have a value in the enumeration ["MultiPolygon"]
  • /0/type: Does not have a value in the enumeration ["Point"]
  • /0/type: Does not have a value in the enumeration ["MultiPoint"]
  • /0/type: Does not have a value in the enumeration ["LineString"]
  • /0/type: Does not have a value in the enumeration ["MultiLineString"]
  • /0/type: Does not have a value in the enumeration ["Polygon"]
  • /0/coordinates: The property coordinates is required
  • /0: Failed to match exactly one schema
  • /0/geometry: The property geometry is required
  • /0/type: Does not have a value in the enumeration ["Feature"]
  • /0/features: The property features is required
  • /0/type: Does not have a value in the enumeration ["FeatureCollection"]
Gorakhpur is located in Uttar Pradesh
Gorakhpur
Gorakhpur
Coordinates: 26°45′32″N 83°22′11″E / 26.7588°N 83.3697°E / 26.7588; 83.3697निर्देशांक: 26°45′32″N 83°22′11″E / 26.7588°N 83.3697°E / 26.7588; 83.3697
देशभारत
राज्यउत्तर प्रदेश
जिलागोरखपुर
Area
 • शहरी इलाका5,484 किमी2 (2,117 बर्ग मील)
Elevation
84 m (276 ft)
Population
 (2011)
 • Total673,446[1]
आधिकारिक
 • भाषाहिंदी
Time zoneUTC+5:30 (IST)
पिनकोड
2730xx
टेलीफोन+91-551
Vehicle registrationUP 53
Websitegorakhpur.nic.in

तारामंडल, वाटर पार्क, गोरखपुर विश्वविद्यालय इहाँ के देखे लायक जगह बाटें। गोरखपुर से कुछ दूरी पर उत्तर-पूरुब तरफ बौद्ध तीरथ कुशीनगर बाटै जहाँ गौतम बुद्ध के परिनिर्वाण भइल रहल।

गोरखपुर रेलवे जंक्शन पर दुनिया के सभसे लमहर प्लेटफार्म बा जे 1.34 किमी लंबा बाटे।

नाम संपादन करीं

शहर के नाम "गोरखपुर" नाथ संप्रदाय के संत बाबा गोरखनाथ के नाँव पर रखल गइल बाटे।[4][5] एकर मतलब होला "गोरखनाथ के निवास स्थान"।

भूगोल संपादन करीं

गोरखपुर नेपाल बार्डर से लगभग 100 किलोमीटर, वाराणसी से 193 किमी, पटना से 260 किमी अउरी लखनऊ से 270 किलोमीटर दूर स्थित बा। ई पूर्वी उत्तर प्रदेश के बाढ़ के शिकार जिला में से एगो ह। पिछला 100 साल के आँकड़ा बतावे ला कि बाढ़ के तीव्रता आ आवृत्ति में काफी बढ़ती भइल बा आ हर तीन से चार साल पर चरम घटना घटे लीं। लगभग 20% आबादी बाढ़ से प्रभावित होले, ई कुछ इलाका सभ में सालाना होखे वाली घटना हवे, जेकरा चलते गरीब निवासी लोग के जान, स्वास्थ्य आ रोजी-रोटी के भारी नुकसान होला आ साथ ही साथ सार्वजनिक आ निजी संपत्ति के भी नुकसान होला।[6]

गोरखपुर राप्ती नदी के किनारे स्थित बा जवन घाघरा नदी के सहायक नदी ह। काफी बड़हन झील रामगढ़ ताल झील भी शहर के पूरबी हिस्सा में स्थित बाटे।

जलवायु संपादन करीं

गोरखपुर के जलवायु कोपेन जलवायु वर्गीकरण उपप्रकार सीडब्लूए (Cwa) (शुष्क-जाड़ा वाली नम उपोष्णकटिबंधीय जलवायु) हवे।[7]

गोरखपुर (1981-2010, एक्स्ट्रीम 1901-2013) खातिर जलवायु आँकड़ा
महीना जन फर मार्च अप्रै मई जून जुला अग सित अक्टू नवं दिस सालभर
रिकार्ड अधिकतम °C (°F) 30.0
(86)
35.4
(95.7)
42.4
(108.3)
44.4
(111.9)
49.4
(120.9)
46.5
(115.7)
43.2
(109.8)
39.4
(102.9)
38.5
(101.3)
37.4
(99.3)
36.8
(98.2)
30.5
(86.9)
49.4
(120.9)
औसत अधिकतम °C (°F) 22.0
(71.6)
26.4
(79.5)
32.6
(90.7)
38.0
(100.4)
38.3
(100.9)
36.7
(98.1)
32.9
(91.2)
32.9
(91.2)
32.7
(90.9)
32.8
(91)
29.9
(85.8)
25.0
(77)
31.7
(89.1)
औसत कम °C (°F) 8.9
(48)
11.7
(53.1)
16.1
(61)
21.4
(70.5)
24.5
(76.1)
26.1
(79)
25.9
(78.6)
25.9
(78.6)
24.9
(76.8)
20.9
(69.6)
14.9
(58.8)
10.4
(50.7)
19.3
(66.7)
रिकार्ड सबसे कम °C (°F) −1.0
(30.2)
2.8
(37)
8.3
(46.9)
12.2
(54)
16.6
(61.9)
16.1
(61)
18.1
(64.6)
20.2
(68.4)
17.4
(63.3)
12.5
(54.5)
6.7
(44.1)
2.8
(37)
−1.0
(30.2)
औसत बरखा मिमी (इंच) 14.4
(0.567)
13.9
(0.547)
7.4
(0.291)
11.3
(0.445)
45.2
(1.78)
185.5
(7.303)
383.4
(15.094)
339.5
(13.366)
228.8
(9.008)
42.8
(1.685)
2.2
(0.087)
8.3
(0.327)
1,282.7
(50.5)
औसत बरखा वाला दिन 1.2 1.3 0.7 0.9 3.0 7.0 13.9 12.4 9.0 2.1 0.3 0.6 52.2
Avg. relative humidity (%) (at 17:30 आईएसटी) 68 55 40 32 42 57 75 77 76 68 66 69 61
Source:

जनसंख्या संपादन करीं

गोरखपुर शहर में धर्म (2011)[10]
धर्म प्रतिशत
हिंदू धर्म
  
77.9%
इस्लाम
  
20.6%
इसाई धर्म
  
0.7%
औरी दूसर सब
  
0.8%

साल 2011 के भारतीय जनगणना के हिसाब से गोरखपुर के कुल जनसंख्या 673,446 बाटे जेह में 353,907 पुरुष आ 319,539 महिला रहलें। एकर लिंग अनुपात प्रति 1000 पुरुष पर 903 महिला बा। 0 से 6 साल के उमिर समूह के भीतर के आबादी 69,596 रहे। गोरखपुर में साक्षरता दर 75.2% रहे, जवना में पुरुष साक्षरता 79.4% आ महिला साक्षरता 70.6% रहे। गोरखपुर के 7+ आबादी के प्रभावी साक्षरता दर 83.9% रहे, जवना में से पुरुष साक्षरता दर 88.7% अउरी महिला साक्षरता दर 78.6% रहे। अनुसूचित जाति आ अनुसूचित जनजाति के आबादी क्रमशः 62,728 आ 2,929 रहल। गोरखपुर में 2011 में 112,237 घर रहलन।

2020 के एगो रिपोर्ट के मुताबिक, नगर निगम के सीमा में 31 गांव के शामिल कइल गइल बाने, जवना से आबादी बढ़ के 10 लाख से जादे हो गइल बा। शहर के क्षेत्रफल भी 2011 में 145.5 किमी2 से बढ़ के 226.6 किमी2 हो गइल बा।[11]

राज्य सरकार 22 नवंबर 2021 के गोरखपुर के मेट्रो शहर (महानगर) भी घोषित कइले बा। गोरखपुर नगर निगम के अलावा सरकार तीन नगर पंचायत आ आठ गो विकास प्रखंड के महानगर के हिस्सा घोषित कइले बा। एकरा खातिर शहरी विकास विभाग शहर के अधिसूचना जारी कइले बाटे। अपर मुख्य सचिव, शहरी विकास, अब गोरखपुर महानगर क्षेत्र, नगर निगम, नगर पंचायत पिपराइच, नगर पंचायत पीपीगंज, नगर पंचायत मुंडेरा बाजार, चरगावा, खोराबर, पिपराइच, सरदार नगर, पिपराउली, जंगल कौडिया, कैम्पियरगंज आ भाटहट विकास प्रखंड के पूरा इलाका के कवर कइल गइल बा। एकरा बाद गोरखपुर महानगर के आबादी लगभग 25 लाख होखी।[12]

परिवहन संपादन करीं

रेल परिवहन संपादन करीं

 
गोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशन

गोरखपुर रेल नेटवर्क से पूरा भारत से नीक से जुड़ल बाटै आ गोरखपुर रेलवे स्टेशन के इहाँ के मुख्य स्टेशन बा। मार्च 2021 ले एकर एगो प्लेटफारम दुनिया के सभसे लमहर प्लेटफारम 1366 मीटर के रहल।[नोट 2][13] फरवरी 2020 में, बागान आ प्राकृतिक आवरण बढ़ावे खातिर प्लेटफार्म नंबर 2 पर हाइड्रेंट पाइप पर सपोर्ट संरचना वाला 100 गो फूल के गमला बनावल गइल आ लगावल गइल।[14]

एह स्टेशन पर क्लास ए-1 रेलवे स्टेशन के सुविधा उपलब्ध बा। 6 अक्टूबर 2013 के गोरखपुर में दुनिया के सभसे लंबा रेलवे प्लेटफार्म बन गइल, रिमोडेल्ड गोरखपुर यार्ड के उद्घाटन के बाद, जेकर बिस्तार लगभग 1,355.40 मीटर (0.84 मील) लंबाई में बाटे।[15][16][17][18]

हवाई परिवहन संपादन करीं

 
महायोगी गोरखनाथ हवाईअड्डा

गोरखपुर में एयर फ़ोर्स के बेस हवे आ एही जे सिविलियन हवाईअड्डा भी बनवावल गइल बाटै जेकर नाँव महायोगी गोरखनाथ हवाईअड्डा बाटै।[19]

मेट्रो संपादन करीं

गोरखपुर मेट्रो एगो लाइट मेट्रो परियोजना ह जवना में 2 लाइन बा औरी 27 स्टेशन लाइट रेल ट्रांजिट (एलआरटी) सिस्टम बा जवना के गोरखपुर में बनावे के मंजूरी मिलल बा। एकरा में दू गो गलियारा बाड़ें जे 27.84 किमी के दूरी पर बाटैं।[20] 1 दिसंबर 2021 के केंद्र सरकार गोरखपुर लाइट मेट्रो परियोजना के डीपीआर के भी मंजूरी देले बा।[21]

संदर्भ संपादन करीं

नोट संपादन करीं

  1. गीता प्रेस के शुरुआत साल 1923 में भइल रहल बाकी ई प्रकाशन के काम 1927 में शुरू कइलस।
  2. Since March 2021 Hubballi railway station's Pf no.1 is world longest platform, its length is 1,505 meters.
  1. "Gorakpur population".
  2. "Gita Press | Hindu publishing organization". एन्साइक्लोपीडिया ब्रिटैनिका (अंग्रेजी में). Retrieved 11 अगस्त 2020.
  3. Verma, Lalmani (28 जुलाई 2022). "A century old, how Gita Press came to be 'leading purveyor of print Hinduism'". द इन्डियन एक्सप्रेस. Retrieved 20 अक्टूबर 2022.
  4. "History – Origin of Name". gorakhpur.nic.in. Retrieved 13 जनवरी 2020.
  5. "Mallinson, James (2011) 'Nāth Saṃpradāya.' In: Brill Encyclopedia of Hinduism Vol. 3. Brill, pp. 407–428" (PDF). Retrieved 11 जनवरी 2020.
  6. Integrating climate change concerns into disaster management planning: The case of Gorakhpur, India by Shiraz A. Wajih and Shashikant Chopde, the Climate and Environment Knowledge Network, 2014
  7. "Gorakhpur, India Köppen Climate Classification (Weatherbase)". Weatherbase. Retrieved 11 January 2020.
  8. "Station: Gorakhpur Climatological Table 1981–2010" (PDF). Climatological Normals 1981–2010. India Meteorological Department. January 2015. pp. 297–298. Archived from the original (PDF) on 5 फरवरी 2020. Retrieved 27 अप्रैल 2020.
  9. "Extremes of Temperature & Rainfall for Indian Stations (Up to 2012)" (PDF). India Meteorological Department. दिसंबर 2016. p. M216. Archived from the original (PDF) on 5 February 2020. Retrieved 27 अप्रैल 2020.
  10. "C-1 Population By Religious Community - Uttar Pradesh". census.gov.in. Retrieved 16 December 2019.
  11. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named Merged
  12. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named amarujala.com
  13. Huralimath, Arunkumar (March 21, 2021). "World's longest railway platform in Hubballi in its final stage of construction". The New Indian Express. Retrieved October 27, 2022.
  14. Nikita, Prasad (13 February 2020). "Indian Railways unique initiative! Flowering pots installed over hydrant pipe at Gorakhpur station; details". The Financial Express. Retrieved 2 February 2021.
  15. "Gorakhpur gets world's largest railway platform". The Times of India (अंग्रेजी में). 7 October 2013. Retrieved 26 March 2021.
  16. Jha, Aditi (23 December 2009). "Gorakhpur Railway Station to have longest platform in Asia". MyNews. Archived from the original on 2 October 2013. Retrieved 1 September 2013.
  17. "Gorakhpur railway station's remodelling in final stage". The Times of India (अंग्रेजी में). 2 June 2013. Retrieved 26 March 2021.
  18. "Gorakhpur gets world's longest railway platform". अमर उजाला (Amar Ujala). 13 February 2012. Retrieved 7 October 2013.
  19. No. 105 Helicopter Unit. भारतीय एयर फोर्स
  20. "Gorakhpur metro rail gets green signal from up cabinet,4672 crores will be spent". Dainik jagran. 10 March 2020. Retrieved 10 March 2021.
  21. "Gorakhpur Metrolite: पब्लिक इन्वेस्टमेंट बोर्ड (पीआईबी) की बैठक में गोरखपुर मेट्रोलाइट रेल प्रोजेक्ट के फेज-1 को अप्रूवल मिला है". Retrieved 1 दिसंबर 2021.

बाहरी कड़ी संपादन करीं