वीर बहादुर सिंह तारामंडल (जवना के वर्तनी 'वीर' या 'बीर' भी होला) भारत के उत्तर प्रदेश के गोरखपुर में एगो तारामंडल (प्लैनेटोरियम) आ पर्यटक लोग खातिर आकर्षण के बिसय बाटै। ई 21 दिसंबर 2009 से काउंसिल ऑफ साइंस एंड टेक्नोलॉजी, उत्तर प्रदेश द्वारा चलावल जा रहल बा।[1]

एह प्लैनेटोरियम में रोज तीन ठो शो, 45 मिनट के शो दुपहरिया एक बजे, दुपहरिया तीन बजे आ दुपहरिया पाँच बजे चले लें,टिकट ऑनलाइन खरीदल जा सकत बाटें।[2] एकरे गुंबद के साइज 18 मीटर बाटै आ लोगन के बइठे के क्षमता 395 बाटै।[3] ई डिजिटल तकनीक पर आधारित बा, आ इहाँ सीआरटी, इवांस आ सदरलैंड के छह गो उपकरण लगावल गइल बाटें।[4]

ए प्लैनेटोरियम के नाम पर एगो पूरा मोहल्ला के नांम तारामंडल परल बाटै जे रामगढ़ ताल से सटल मोहल्ला बाटै।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "आर्काइव कॉपी के बा". Archived from the original on 2019-12-07. Retrieved 2023-02-23.
  2. "अब तारामंडल का टिकट भी आनलाइन". Dainik Jagran. 25 May 2018.
  3. "Planetariums in India". Go Astronomy. Retrieved 28 February 2020.
  4. https://www.tripoto.com/places-to-visit/in-gorakhpur/veer-bahadur-singh-planetarium-taramandal[मुर्दा कड़ी]

इहो देखल जाव संपादन करीं