गौतम अडानी

भारतीय ब्यापारी

गौतम शांतिलाल अदानी (जनम 24 जून 1962) एगो भारतीय अरबपति उद्योगपति आ फिलेंथ्रोपिस्ट (परोपकारी, मानवताप्रेमी) बाड़ें।[2] ऊ भारत में बंदरगाह बिकास आ संचालन से जुड़ल अहमदाबाद के बहुराष्ट्रीय समूह अदानी ग्रुप के अध्यक्ष आऊर संस्थापक बाड़ें।[3] अदानी अदानी फाउंडेशन के अध्यक्ष भी बाड़े, जवना के नेतृत्व मुख्य रूप से उनुकर पत्नी प्रीति अदानी करेली।

गौतम अडानी
जनमगौतम शांतिलाल अडानी
(1962-06-24) 24 जून 1962 (उमिर 61)
अहमदाबाद, गुजरात, भारत
निवासअहमदाबाद, गुजरात, भारत
राष्ट्रीयताभारतीय
पेशाबिजनेसमैन
परसिद्धि के कारनसंस्थापक आ चेयरमैन, अडानी समूह
नेट मूल्य$8.81 बिलियन (सितंबर 2017)[1]
जीवनसाथीप्रीती अडानी
संतानकरन
जीत
माईबापशांतिलाल अडानी
शांता अडानी
रिश्तेदारबिनोद अडानी (भाई)

सुरुआती जिनगी संपादन करीं

अदानी के जनम 24 जून 1962 के गुजरात के बनिया परिवार में शांतिलाल आ शांति अदानी के घरे गुजरात के अहमदाबाद में भइल।[4] इनके 7 गो भाई-बहिन बाड़ें आ इनके माता-पिता गुजरात के उत्तरी हिस्सा के थराद कस्बा से पलायन कइले रहलें।[5] इनके पिता एगो छोट कपड़ा के व्यापारी रहलें।[6] इनके पढ़ाई अहमदाबाद के शेठ चिमनलाल नागींदास विद्यालय में भइल। गुजरात विश्वविद्यालय में वाणिज्य में स्नातक के डिग्री खातिर नामांकन लिहलें, बाकी दुसरा साल के बाद पढ़ाई छोड़ दिहलें।[7] अदानी के बिजनेस में इंटरेस्ट रहे, लेकिन बाबूजी के कपड़ा के बिजनेस में ना।[8]

कैरियर संपादन करीं

 
अमेरिका के सेक्रेटरी ऑफ़ स्टेट जॉन कैरी अदानी के स्वागत करत, 2014

किशोरावस्था में अदानी महेंद्र ब्रदर्स खातिर हीरा सॉर्टर के काम करे खातिर 1978 में मुंबई आ गइलें।[9]

1981 में उनुकर बड़ भाई महासुखभाई अदानी अहमदाबाद में एगो प्लास्टिक यूनिट खरीदले अउरी उनुका के संचालन के प्रबंधन करे के नेवता देले। ई उद्यम पॉलीविनाइल क्लोराइड (पीवीसी) आयात के माध्यम से वैश्विक व्यापार के अदानी के प्रवेश द्वार निकलस।[7]

1985 में ऊ छोट पैमाना पर उद्योगन खातिर प्राथमिक बहुलक के आयात शुरू कइलें 1988 में अदानी अदानी समूह के होल्डिंग कंपनी अदानी एक्सपोर्ट्स के स्थापना कइलें, जेकरा के अब अदानी इंटरप्राइजेज के नाँव से जानल जाला। मूल रूप से ई कंपनी कृषि आ बिजली के चीज सभ के कारोबार करत रहे।[7]

1991 में आर्थिक उदारीकरण के नीति सभ उनके कंपनी खातिर अनुकूल निकलल आ ऊ बिजनेस सभ के बिस्तार धातु, कपड़ा आ कृषि उत्पाद सभ के बिजनेस में करे लगलें।[7][10]

1994 में गुजरात सरकार मुंद्रा बंदरगाह के प्रबंधकीय आउटसोर्सिंग के घोषणा कइलस आ 1995 में अदानी के ई ठेका मिल गइल।[11]

1995 में उ पहिला जेटी के स्थापना कइले। मूल रूप से मुंद्रा पोर्ट एंड स्पेशल इकोनॉमिक जोन के ओर से संचालित इ संचालन अदानी पोर्ट्स एंड सेज (एपीएसईजेड) के हस्तांतरित क दिहल गइल। आज इ कंपनी सबसे बड़ निजी बहु बंदरगाह संचालक बा। मुंद्रा बंदरगाह भारत के सभसे बड़ निजी क्षेत्र के बंदरगाह बाटे, एकर क्षमता सालाना लगभग 21 करोड़ टन माल ढुलाई करे के क्षमता बाटे।[12][13]

1996 में अदानी समूह के पावर बिजनेस शाखा अदानी पावर के स्थापना अदानी कइले रहले। अदानी पावर के लगे 4620 मेगावाट के क्षमता वाला थर्मल पावर प्लांट बाड़ें, ई देश के सभसे बड़ निजी थर्मल पावर उत्पादक कंपनी हवे।[14]

2006 में अदानी बिजली उत्पादन के कारोबार में उतरले। साल 2009 से 2012 ले ऊ ऑस्ट्रेलिया के एबट प्वाइंट पोर्ट आ क्वींसलैंड के कारमाइकल कोयला खदान के अधिग्रहण कइलें।[15]

मई 2020 में अदानी भारत के सौर ऊर्जा निगम (एसईसीआई) के ओर से 6 अरब अमेरिकी डॉलर के दुनिया के सबसे बड़ सौर बोली जीतले रहे। 8000 मेगावाट के फोटोवोल्टिक बिजली संयंत्र परियोजना के अदानी ग्रीन ले लीहें; अदानी सोलर 2000 मेगावाट के अतिरिक्त सोलर सेल आ मॉड्यूल निर्माण क्षमता के स्थापना करी।[16][17]

सितंबर 2020 में अदानी मुंबई अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा में 74% हिस्सेदारी हासिल कइलें, ई दिल्ली के बाद भारत के दुसरा सभसे व्यस्त हवाई अड्डा हवे।[18]

फरवरी 2022 में ऊ एशिया के सभसे धनी ब्यक्ति बनलें आ मुकेश अंबानी के पीछे छोड़ दिहलें।[19]

मई 2022 में अदानी परिवार अम्बुजा सीमेंट्स आ ओकर सहायक कंपनी एसीसी के होल्सिम ग्रुप से 10.5 बिलियन डॉलर में खरीद लिहलस, एगो बिदेसी स्पेशल-पर्पस इकाई के माध्यम से।[20]

निजी जिनगी संपादन करीं

गौतम अदानी के बियाह प्रीति से भइल बा, इनहन लोग के दू गो संतान बाड़ें।[21][22] ऊ जैन इंटरनेशनल ट्रेड ऑर्गेनाइजेशन (JITO) के सदस्य बाड़ें[23] इनके अपहरण क के 1998 में फिरौती खातिर बंधक बना के रखल गइल, बाकी बिना पइसा लिहले रिहा क दिहल गइल।[24][25] उ 2008 के मुंबई हमला के दौरान ताज होटल में रहले।[26][27]

बिबाद संपादन करीं

स्टॉक में हेरफेर अउरी लेखा धोखाधड़ी के आरोप संपादन करीं

जनवरी 2023 में न्यूयॉर्क शहर के हिंडेनबर्ग रिसर्च दू साल के जांच के निष्कर्ष प्रकाशित कइलस जेह में दावा कइल गइल कि अदानी बाजार में हेरफेर आ लेखा कदाचार में शामिल रहलें; हिंडेनबर्ग इहो खुलासा कइलस कि ऊ अदानी ग्रुप के कंपनी सभ पर शार्ट पोजीशन रखले बा।[28][29][30]आरोप के बाद अदानी से जुड़ल कंपनी सभ के बांड आ शेयर सभ के कीमत में गिरावट आइल आ क्रेडिट सुइस अदानी ग्रुप के बांड सभ के जमानत के रूप में स्वीकार कइल बंद क दिहलस।[31][32][33] अदानी धोखाधड़ी के आरोप सभ के बेबुनियाद आ बुरा इरादा बता के इनकार कइलें आ इनहन के "दुर्भावनापूर्ण" आ "चयनात्मक गलत जानकारी" बतवलें।[34][35] एकरे बाद रिपोर्ट के तीन दिन बाद अदानी द्वारा नियंत्रित सूचीबद्ध कंपनी सभ के शेयर सभ के बजार कीमत में 48 बिलियन डॉलर के नुकसान भइल।[36]

फिलेंथ्रोपिस्ट के रूप में संपादन करीं

अदानी अदानी फाउंडेशन के अध्यक्ष बाड़े, जवना के फंडिंग अदानी ग्रुप के माध्यम से कईल जाला। एकर स्थापना 1996 में भइल।गुजरात के अलावा ई फाउंडेशन महाराष्ट्र, राजस्थान, हिमाचल प्रदेश, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, आ ओडिशा राज्य सभ में काम करे ला।[37]

मार्च 2020 में, ऊ अपना समूह के परोपकार शाखा के माध्यम से पीएम केयर्स फंड में ₹100 करोड़ (13 मिलियन अमेरिकी डॉलर) के योगदान दिहलें, कोरोना वायरस के प्रकोप से लड़े खातिर।[38] गुजरात सीएम राहत कोष में ₹5 करोड़ (660,000 अमेरिकी डॉलर) आ महाराष्ट्र सीएम राहत कोष में ₹1 करोड़ (130,000 अमेरिकी डॉलर) के योगदान दिहल गइल।[39]

अदानी के नेतृत्व में विविध समूह अदानी समूह सऊदी अरब के दम्माम से गुजरात के मुंड्रा में 80 मीट्रिक टन तरल मेडिकल ऑक्सीजन से भरल चार आईएसओ क्रायोजेनिक टैंक के आयात कईलस। संगही, इ समूह लिंडे सऊदी अरब से 5000 मेडिकल ग्रेड के ऑक्सीजन सिलेंडर भी हासिल कइले बिया। एगो ट्विटर पोस्ट में अदानी साझा कइले कि, उनुकर समूह गुजरात के कच्छ जिला में जहां-जहां जरूरत बा, उहाँ हरेक दिन उनुकर ग्रुप 1500 सिलेंडर के मेडिकल ऑक्सीजन के सप्लाई करता।[40]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Gautam Adani & family". Forbes. Retrieved 6 अप्रैल 2017.
  2. "Gautam Adani, Nita Ambani & KM Birla top philanthropic leaders in India". The Economic Times. Retrieved 2022-01-15.
  3. "Gautam Adani Bloomberg Index". Bloomberg.com. Retrieved 11 February 2022.
  4. Chandna, Himani (2019-02-26). "The Rise Of The Tycoon: Gautam Adani". Businessworld.
  5. "A look into profile of billionaire Gautam Adani". India Today (अंग्रेजी में). 20 August 2011. Retrieved 23 May 2022.
  6. "Top 10 Gujrati Billionaires". India TV. 2015-08-01.
  7. 7.0 7.1 7.2 7.3 Joseph, Anto T. (8 December 2007). "Gautam Adani: Another Gujarati who made it big". The Economic Times. Retrieved 23 May 2022.
  8. Cambridge Core (2017-12-12). "Transnational Indian Business in the Twentieth Century". Business History Review. 91 (4): 651–679. doi:10.1017/S0007680517001350. S2CID 158483062.
  9. Tumbe, Chinmay (2017-12-12). "Transnational Indian Business in the Twentieth Century". Business History Review. 91 (4): 651–679. doi:10.1017/S0007680517001350. S2CID 158483062.
  10. Vora, Rutam (22 May 2022). "Gautam Adani: Cementing his portfolio". www.thehindubusinessline.com (अंग्रेजी में). Retrieved 23 May 2022.
  11. Mehta, Harit (2014-04-10). "Gautam Adani, the baron to watch out for if Narendra Modi becomes king". The Times of India. Retrieved 16 April 2022.
  12. Manoj, P. (3 August 2017). "APSEZ set to become top container port operator". @businessline (अंग्रेजी में). Retrieved 2021-03-11.
  13. "Adani becomes first Indian port operator to record 200 MT cargo movement". The Economic Times. Retrieved 2021-03-11.
  14. "Adani Solar Project". economictimes.com. 2016-06-13.
  15. "Gautam Adani, chairman Adani group". outlookbusiness.com. 2015-07-10.
  16. Reporter, S. I. (2020-06-09). "Adani Green hits new high on winning world's largest solar bid worth $7 bn". Business Standard India. Retrieved 2020-06-10.
  17. "Adani wins world's largest solar project; to invest Rs 45,000 crore". The Financial Express (अमेरिकी अंग्रेजी में). 2020-06-09. Retrieved 2020-06-10.
  18. Karmali, Naazneen. "India's 10 Richest Billionaires 2021". Forbes (अंग्रेजी में). Retrieved 2021-07-01.
  19. Pratap, Aayushi (3 February 2022). "Indian Billionaire Gautam Adani Becomes Asia's Richest Person". Forbes. Retrieved 11 February 2022.
  20. "holcim: Adani to acquire Holcim India assets for $10.5 bn - Times of India". The Times of India.
  21. "Gautam Adani". mapsofindia.com. 2015-06-02.
  22. "Priti Adani". Ahmedabad mirror. 2016-07-07.
  23. "Jains to organise trade fair". Mumbai Mirror. 10 November 2006. Retrieved 14 May 2022.
  24. "Throwback: When India's fifth richest man was kidnapped for ransom". Times Now News (अंग्रेजी में). 14 June 2020. Retrieved 13 December 2020.
  25. "Two accused of abducting Gautam Adani 20 years ago acquitted". The Indian Express (अंग्रेजी में). Ahmedabad. 1 December 2018. Retrieved 13 December 2020.
  26. Sazonov, Alexander; Shrivastava, Bhuma; Sanjai, P R (13 December 2020). "Billionaire Survivor of Ransom, Terror Attacks Now Rivals Ambani". Bloomberg.com (अंग्रेजी में). Retrieved 13 December 2020.
  27. Shukla, Nimish (28 November 2008). "Gautam Adani felt safe in Taj toilet". The Times of India (अंग्रेजी में). Retrieved 13 December 2020.
  28. Thomas, Chris; Kalra, Aditya (25 January 2023). "Hindenburg shorts India's Adani citing debt, accounting concerns; shares plunge". रायटर्स (अंग्रेजी में). Retrieved 25 January 2023.
  29. Sorkin, Andrew Ross; Mattu, Ravi; Warner, Bernhard; Kessler, Sarah; Merced, Michael J. de la; Hirsch, Lauren; Livni, Ephrat (25 January 2023). "A Short Seller Takes Aim at an Indian Corporate Giant". द न्यूयार्क टाइम्स. Retrieved 25 January 2023.
  30. Lockett, Hudson (25 January 2023). "Adani shares take $10.8bn hit after Hindenburg bets against group". फ़ाइनान्शियल टाइम्स. Retrieved 25 January 2023.
  31. Lee, Jihye (25 January 2023). "Adani shares fall as short seller firm Hindenburg announces short position". CNBC (अंग्रेजी में). Retrieved 25 January 2023.
  32. Kay, Chris; Vishnoi, Abhishek; Joshi, Ashutosh (25 January 2023). "Hindenburg Targets Asia's Richest Man, Triggering Adani Selloff". Bloomberg News (अंग्रेजी में). Retrieved 25 January 2023.
  33. https://www.npr.org/2023/02/02/1153420761/adani-group-hindenburg
  34. Madhok, Diksha (25 January 2023). "Asia's richest man slams short-seller's fraud claims as 'baseless' and 'malicious'". CNN Business (अंग्रेजी में). Atlanta, Georgia, USA. Retrieved 25 January 2023.
  35. "Adani Group: Asia's richest man hits back at 'con' allegations". BBC News (ब्रिटिश अंग्रेजी में). 2023-01-26. Retrieved 2023-01-28.
  36. "Gautam Adani: One of the world's richest men loses ground after £39bn stock market slump". स्काई न्यूज (अंग्रेजी में). Retrieved 2023-01-28.
  37. "Adani Foundation | Youth4work". youth4work.com (अंग्रेजी में). Retrieved 2020-12-07.
  38. Joshi, Manas (2020-03-29). "Gautam Adani gives Rs 100 crore to PM Fund to fight coronavirus". www.indiatvnews.com (अंग्रेजी में). Retrieved 2020-04-01.
  39. "Billionaire Gautam Adani commits to support fight against coronavirus". The Economic Times. 2020-04-04. Retrieved 2020-04-10.
  40. My Nation. "To improve oxygen availability, Adani group imports cryogenic tanks from Saudi Arabia". Asianet News Network Pvt Ltd (अंग्रेजी में). Retrieved 2021-05-11.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)